[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में माफिया सुधीर सिंह पs कसल शिकंजा, पुलिस  जब्‍त कइलस 10 करोड़ के सम्‍पत्ति 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्व ब्लॉक प्रमुख माफिया सुधीर सिंह पs शिकंजा कसत डीएम उनकर 10 करोड़ के संपत्ति के अंतिम रूप से जब्त कs लेले बाड़े। सदर आ सहजनवा के तहसीलदार सुधीर सिंह के दु गो मकान, जमीन, गाड़ी के कब्जा में लेला के संगही चार खाता सीज कs देले।

पिपरौली ब्लॉक के पूर्व प्रमुख सुधीर पs कुल 38 मुकदमा दर्ज बा। उनकर नाम जिला के टाप-10 आ प्रदेश के माफिया के सूची में बा। शासन के निरदेस पs जिला प्रशासन चिन्हित माफिया पs गैंगस्टर के कार्रवाई कइला के संगही अपराध से अर्जित संपत्ति के जब्त कs रहल बा। एही क्रम में सुधीर के दु फार्च्यूनर, शाहपुर के एल्युमिनियम फैक्ट्री आ सहजनवा के कालेसर इस्थित मकान, तीन बीघा जमीन के जब्त कs लिहल गइल बा। सुधीर आ उनकर पत्नी के नाम से आईसीआईसीआई आ एचडीएफसी बैंक में चार खाता बा जेकरा के डीएम सीज कs देले बाड़े।

निशाना पs बाडे जिला के एगो आउर माफिया

प्रशासन के निशाना पs जिला के एगो आउर माफिया बाड़े। जेकर संपत्ति के विवरण तहसील प्रशासन आ पुलिस जुटा लेले बा। टॉप-10 बदमाशन के सूची में शामिल होखला के बाद अभी ले एह माफिया पs कवनो प्रभावी कार्रवाई ना हो सकल रहे। डीएम के निरदेस पs माफिया पs शिकंजा कसे के तइयारी चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]