[the_ad_group id="30365"]

Up Nikay Chunav 2023: पहिला चरण के मतदान, शामली में सबसे जादे वोटिंग, प्रयागराज में खाली 30% लोग डालल वोट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में नगर निकाय चुनाव के पहिला चरण में बियफे के 37 जिलन में वोट डालल गइल। एह चरण में कुल 7,592 पदन खातिर चुनावी रण में उतरले 44,226 उम्मीदवारन के भाग्य ईवीएम आ मतपेटियन में बंद हो गइल। सांझ पांच बजे तक कुल 45.96 फीसदी वोट पड़ल। अंतिम आंकड़ा आइल अभी बाकी बा। पहिला चरण खातिर 10 नगर निगमन में महापौर पद खातिर 113 आ 820 पार्षदन खातिर 5,432 प्रत्याशी उम्मीदवार मैदान में बा लो।

पांच जिला जहां भइल सबसे जादे मतदान

पांच बजे तक भइल मतदान के आंकड़न के मोताबिक, अबकी बेर सबसे जादे वोटिंग शामली जिलाए भइल। जिला में अबकी बेर 62.41 फीसदी वोटिंग भइल। एकरा बाद महराजगंज में 62.13%, अमरोहा में 59.78%, हरदोई में 59.53% आ कुशीनगर में 58.88% मतदान भइल।

सबसे कम मतदान प्रयागराज में

एह निकाय चुनाव के पहिला चरण में सबसे कम मतदान प्रयागराज जिला में भइल। इहां महज 30.32 फीसदी वोटिंग भइल। एकरा बाद लखनऊ में 35.42%, आगरा में 37.21% वाराणसी में 38.89% आ गोरखपुर में 40.15% मतदान दर्ज कइल गइल।

जिलेवार वोटिंग 

जिलेवार वोटिंग 

जनपद 5 बजे तक मतदान % 2017 में मतदान %
प्रयागराज 30.32 34.2
गोरखपुर 40.15 39.23
लखनऊ 35.42 39.99
आगरा 37.21 43.36
वाराणसी 38.89 44.39
मथुरा 42.56 46.88
मुरादाबाद 47.99 48.47
रामपुर 46.88 54.5
रायबरेली 48.61 54.7
बहराइच 49.96 54.8
जौनपुर 51.29 54.91
फिरोज़ाबाद 50.06 55.74
बलरामपुर 53.54 57.05
सम्भल 51.64 57.18
देवरिया 4.79 57.29
झांसी 49.73 57.52
गाज़ीपुर 53.38 57.97
लखीमपुर खीरी 52.17 58.19
सीतापुर 52.48 58.59
फतेहपुर 52.5 58.89
गोंडा 57.07 59.76
मैनपुरी 53.11 60.79
प्रतापगढ़ 52.93 61.51
जालौन 55.13 61.85
उन्नाव 56.06 61.86
मुज़फ्फरनगर 53.88 62.78
बिजनौर 54.07 63.35
श्रावस्ती 58.61 64.05
हरदोई 59.53 64.14
ललितपुर 56.15 64.9
कौशाम्बी 52.46 65
अमरोहा 59.78 65.13
चन्दौली 58.74 65.91
कुशीनगर 58.88 66.44
शामली 62.41 66.83
सहारनपुर 70.52 67.28
महराजगंज 62.13 72.92

 

2017 में कहां केतना भइल रहे मतदान?

पिछला नगरीय निकाय चुनाव में कुल 53 फीसदी मतदान दर्ज कइल गइल रहे। ई चुनाव तीन चरण में भइल रहे। 2017 के चुनावन में पहिला चरण में कुल 52.59 फीसदी वोटिंग भइल रहे।

पहिला चरण में सामिल एह जिलन में 2017 में सबसे जादे वोट पड़ल

2017 में भइल निकाय चुनावन में सबसे जादे वोटिंग महराजगंज जिला में दर्ज कइल गइल रहे। इहां कुल 72.92 फीसदी वोट डालल गइल रहे। एकरा बाद सहारनपुर में 67.28%, शामली में 66.8%, कुशीनगर में 66.44% आ चन्दौली में 65.91% मतदान भइल रहे।

पहिला चरण में सामिल एह जिलन में 2017 में सबसे कम वोट पड़ल

पिछला चुनाव में सबसे कम वोटिंग प्रयागराज जिला में भइल रहे। इहां 34.2 फीसदी मतदान दर्ज कइल गइल रहे। एकरा बाद गोरखपुर में 39.23%, लखनऊ में 39.99%, आगरा में 43.36% आ वाराणसी में 44.39% वोटिंग भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]