Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP Nikay Chunav: गोरखपुर के सबसे पुरान नगर पंचायत हs गोला बाजार, आजादी के बादे आपन अध्यक्ष चुन रहल बिया जनता 

गोरखपुर जिला के सबसे पुरान नगर पंचायत गोला बाजार हs। एकरा के लोग छोटी अयोध्या कहेला। एकर वजह बा कि सरयू नदी के किनारे बसल एह नगर पंचायत क्षेत्र में कइयन गो बड़ मंदिर बा। ओहिजा आबादी आ क्षेत्रफल के लिहाज से एकर जिला में दूसरका स्थान बा।

274

गोरखपुर जिला के दक्षिणांचल में सरयू नदी के किनारे बसल नगर पंचायत गोला जिला के सबसे पुरान नगर पंचायत हs। आबादी आ क्षेत्रफल के लिहाज से जदि बात करीं तs 19 वार्ड वाला एह नगर पंचायत के जिला में दूसरका स्थान बा। 1872 में बनल एह नगर पंचायत में आजादी के पहिले तक अंग्रेज इहां के प्रशासक नियुक्त करत रहले सs, बाकिर ओकरा बाद हर बेर जनता आपन नगर पंचायत अध्यक्ष चुनलस।

छोटी अयोध्या कहल जाला गोला नगर पंचायत

बड़ संख्या में मंदिरन के मवजूदगी के कारण ई नगर पंचायत छोटी अयोध्यो कहल जाले। सरयू तट के ऐतिहासिक पक्का घाट, शीतला घाट, बरदसिया घाट, हनुमानगढ़ी घाट, श्याम घाट पs सबेरे-सांझ नहाये वालन के भीड़ आ मंदिरन में बजत घंटा-घड़ियाल आ भजनन से पूरा कस्बा के माहौल भक्तिमय रहेला।

एह वजह से नगर पंचायत के नाम पड़ल गोला

नदी किनारे होखला के चलते कबो एह क्षेत्र में जल परिवहन से बेयपार होत रहे। एही वजह से उहां गल्ला के मंडी रहे। गल्ला के बड़-बड़ आ गोल-गोल गोदामन के कारण क्षेत्र के गोला नाम मिलल। बाद के बरिसन में आभूषण के कारोबारियन के वजह से ई क्षेत्र स्वर्ण मंडी के रूप में खूब मशहूर भइल।

स्वच्छता सर्वेक्षण में मिलल पहचान

गोला नगर पंचायत साफ-सफाई खातिरो जानल जाले। स्वच्छता सर्वेक्षण-2020 में मंडल में पहिला स्थान प्राप्त भइल रहे। बीतल साल दिसंबर में प्रदेश में चलल तीन दिवसीय महासफाई अभियान में पहिला स्थान पावे पs नगर पंचायत के प्रशस्तिपत्र मिलल रहे।

नगर पंचायत के अब तक के चैयरमैन

1- लाल बहादुर चंद 1943

2- रामप्रसाद तुलस्यान 1945

3- लाल नारायण चंद 1947

4- शंकर लाल तुलस्यान 1949

5- मंगला प्रसाद जायसवाल 1957

6- रघुनाथ प्रसाद जायसवाल 1958

7- जंगबहादुर लाल जायसवाल 1959

8- घनानंद तिवारी 1960

9- मंगला प्रसाद जायसवाल 1964

10- मोतीलाल उमर 1971

11- मंगला प्रसाद जायसवाल 1988 (भाजपा)

12- गिरधारीलाल स्वर्णकार 1995 (भाजपा)

13- रानी वर्मा 2000 (कांग्रेस)

14- गंगा प्रसाद वर्मा 2006 (भाजपा)

15- गिरधारीलाल स्वर्णकार 2012 (कांग्रेस)

16- लालती देवी 2017 (भाजपा)

एक नजर में गोला नगर पंचायत

  • कुल क्षेत्रफल : 18 वर्ग किलोमीटर
  • कुल वार्ड : 19
  • कुल आबादी : 42447 (2011 के जनगणना के मोताबिक)
  • कुल मतदाता : 42578
  • कुल महिला मतदाता : 19811
  • कुल पुरुष मतदाता : 22767
  • कुल मतदान केंद्र : 16
  • कुल मतदान स्थल : 44

अबकी बेर के चुनावी मुद्दा 

  • नगर पंचायत क्षेत्र में जर्जर पोल आ तार के बदलल।
  • सरयू के कटान आ बाढ़ से बचाव खातिर रामामऊ से बिसरा तक रिवर-फ्रंट के निर्माण।
  • वाहन पार्किंग बेवस्था के बेहतर बनावल।
  • नगर पंचायत के विस्तारित क्षेत्र में सड़क, नाली, बिजली आ पानी के समुचित बेवस्था।
  • नवहन के खेले खातिर मिनी स्टेडियम के निर्माण।
  • गंदा नालन के पानी से सरयू के दूषित होखे से रोके खातिर सीवर ट्रीटमेंट प्लांट लगावल।
  • नगर पंचायत क्षेत्र में जलापूर्ति के समुचित बेवस्था कइल।
  • पोखरन आ सार्वजनिक स्थलन से अतिक्रमण हटावल।

नगर पंचायत अध्यक्ष खातिर 8 प्रत्याशी मैदान में

अबकी बेर के निकाय चुनाव में अनुसूचित महिला खातिर आरक्षित गोला नगर पंचायत अध्यक्ष ला कुल आठ प्रत्याशी मैदान में बा लो। निवर्तमान चेयरमैन लालती देवी भाजपा से पाला बदलके बसपा के टिकट से चुनाव मैदान में बाड़ी। भाजपा से किरन सोनकर, सपा से सहोदरी, कांग्रेस से राजमती देवी, जनअधिकार पार्टी से माधुरी आ आजाद समाज पार्टी से चंपा चुनाव लड़ रहल बाड़ी। कुंता देवी आ संध्या निर्दल प्रत्याशी के तौर पs भाग्य आजमा रहल बा लो।

साभार; दैनिक जागरण

526890cookie-checkUP Nikay Chunav: गोरखपुर के सबसे पुरान नगर पंचायत हs गोला बाजार, आजादी के बादे आपन अध्यक्ष चुन रहल बिया जनता 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.