Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP Nikay Chunav 2023: दूसरका चरण में सबसे जादे मतदान बागपत में, कानपुर नगर में मात्र 39 फीसदी पड़ल वोट

पांच बजे तक के आंकड़न के मोताबिक, दूसरका चरण में सबसे जादे वोटिंग बागपत जिला में भइल। जिला में अबकी बेर 62.72 फीसदी वोटिंग भइल। एकरा बाद कानपुर देहात में 62.28%, मऊ में 61.17%, हमीरपुर में 61.09% आ अमेठी में 60.48% मतदान भइल।

621

उत्तर प्रदेश में नगर निकाय चुनाव के दूसरका चरण में आज 38 जिलन में वोट डालल गइल। सांझ के पांच बजे तक के आंकड़न के मोताबिक, बागपत जिला में सबसे जादा आ कानपुर नगर में सबसे कम मतदान दर्ज कइल गइल। एकरा संगही 370 निकायन खातिर 6929 अलग-अलग पदन पs उतरल 39,146 उम्मीदवारन के भाग्य आज ईवीएम आ मतपेटियन में बंद हो गइल।

मतदाता लोगन के लागल लाइन – फोटो : अमर उजाला

पांच जिला जहां भइल सबसे जादा मतदान

पांच बजे तक के आंकड़ों के अनुसार, दूसरे चरण में सबसे ज्यादा वोटिंग बागपत जिले में हुई। जिले में इस बार 62.72 फीसदी वोटिंग हुई। इसके बाद कानपुर देहात में 62.28%, मऊ में 61.17%, हमीरपुर में 61.09% और अमेठी में 60.48% मतदान हुआ।

मतदान खातिर लाइन में खड़ा मतदाता – फोटो : अमर उजाला

पांच जिला जहां भइल सबसे कम मतदान

पांच बजे तक के आंकड़न के मोताबिक, दूसरका चरण में सबसे जादे वोटिंग बागपत जिला में भइल। जिला में अबकी बेर 62.72 फीसदी वोटिंग भइल। एकरा बाद कानपुर देहात में 62.28%, मऊ में 61.17%, हमीरपुर में 61.09% आ अमेठी में 60.48% मतदान भइल।

कवना जिला में केतना मतदान

जिला 5 बजे तक मतदान % 2017 में मतदान प्रतिशत %
बागपत 62.72 67.14
कानपुर देहात 62.28 73.46
मऊ 61.17 58.97
हमीरपुर 61.09 69.59
अमेठी 60.48 68.44
कन्नौज 59.82 67.38
पीलीभीत 59.21 63.8
महोबा 58.41 63.98
बुलंदशहर 58.41 62.68
औरैया 58.01 63.4
अम्बेडकर नगर 57.8 65.8
कासगंज 57.31 62.26
सन्त कबीर नगर 55.83 67.59
बदायूं 54.89 61.11
भदोही 54.84 64.23
सुलतानपुर 54.61 60.43
सिद्धार्थ नगर 54.24 64.99
एटा 54.2 57.56
हापुड़ 53.22 57.72
आजमगढ़ 53.14 59.38
बलिया 52.95 60.05
बस्ती 52.59 55.57
हाथरस 52.42 64.02
बांदा 51.6 63.64
चित्रकूट 51.02 62.21
इटावा 50.93 53.57
बाराबंकी 50.92 57.54
गौतमबुद्ध नगर 50.27 61.65
फ़र्रुखाबाद 49.98 60.52
अयोध्या 49.98 54.08
शाहजहांपुर 49.92 60.31
सोनभद्र 49.54 57.71
मीरजापुर 48.94 56.87
बरेली 46.75 53.17
अलीगढ़ 46.2 53.38
मेरठ 45.59 51.88
गाजियाबाद 41.92 46.18
कानपुर नगर 39.7 44.92

दूसरका चरण में सामिल एह जिलन में 2017 में सबसे जादे वोट पड़ल

2017 में भइल निकाय चुनावन में दूसरका चरण में सबसे जादा वोटिंग सन्तकबीर नगर जिला में दर्ज कइल गइल रहे। इहां कुल 67.59 फीसदी वोट डालल गइल रहे। एकरा बाद अम्बेडकर नगर में 65.8%, अमरोहा में 65.13%, ललितपुर में 66.9% आ भदोही में 64.23% मतदान भइल रहे।

दूसरका चरण में सामिल एह जिलन में 2017 में सबसे कम वोट पड़ल

पिछला चुनाव में दूसरका चरण में सबसे कम वोटिंग प्रयागराज जिला में भइल रहे। इहां 34.2 फीसदी मतदान दर्ज कइल गइल रहे। एकरा बाद लखनऊ में 39.99%, लखनऊ में 39.99%, वाराणसी में 44.39%, गाजियाबाद में 46.18% आ मथुरा में 46.88% वोटिंग भइल रहे।

पहिला चरण में एह जिलन में भइल रहे सबसे जादा मतदान

एकरा पहिले भइल पहिला चरण के चुनाव में, सबसे जादा वोटिंग महराजगंज जिला में दर्ज कइल गइल रहे। जिला में अबकी बेर 66.48 फीसदी वोटिंग भइल रहे। एकरा बाद शामली में 65.02%, कुशीनगर में 64.24%, चन्दौली में 63.82% आ अमरोहा में 63.41% मतदान भइल रहे।

पहिला चरण में एह जिलन में भइल रहे सबसे कम मतदान

एह निकाय चुनाव के पहिला चरण में सबसे कम मतदान प्रयागराज जिला में दर्ज कइल गइल रहे। इहां मात्र 33.61 फीसदी वोटिंग भइल रहे। एकरा बाद लखनऊ में 38.62%, मथुरा में 39.81%, आगरा में 40.32% आ वाराणसी में 40.58% मतदान दर्ज कइल गइल रहे।

साभार: अमर उजाला

542630cookie-checkUP Nikay Chunav 2023: दूसरका चरण में सबसे जादे मतदान बागपत में, कानपुर नगर में मात्र 39 फीसदी पड़ल वोट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.