[the_ad_group id="30365"]

यूपी निकाय चुनाव 2023 : काशी, अयोध्या आ मथुरा के बाद अब ई धार्मिक जगहन के होई कालाकल्प, सीएम योगी के बड़ बयान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

यूपी नगर निकाय चुनाव 2023 : उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे के दिने कहलन कि काशी आ अयोध्या के पुनरुद्धार के बाद अब नैमिषारण्य के विकास के बारी बा। उ जनता से अपील कईले कि ‘निकाय चुनाव में दानव जइसन भ्रष्टाचारियन, माफिया आ अपराधी के राक्षस के रूप में सबक सिखावल जाए’।

राज्य में हो रहल नगर निगम के चुनाव के ‘देवासुर संग्राम’ बतावत योगी कहले कि इ समय बा कि ए चुनाव में “भ्रष्ट, दुष्ट, माफिया आ अपराधी के राक्षस के रूप में सबक सिखावे के”।हर क्षेत्र में बड़ पैमाना पे रोजगार के अवसर पैदा होई।

मुख्यमंत्री का कहले?

सीएम योगी कहले कि, “सीतापुर जिला के आपन शान बा, दुनिया के सबसे पुरान इतिहास सीतापुर जिला के नैमिषारण्य के बा, इ जगह हमेशा से हमनी खातीर अत्यंत आस्था के केंद्र बिंदु रहल बा। ” महत्व के बात बा कि उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ से।नैमिषारण्य सीतापुर जिला में गोमती नदी के किनारे लगभग 80 किलोमीटर दूर स्थित एगो परसिद्ध हिन्दू तीर्थयात्रा हवे। एकरा के हजारन ऋषि लोग के निवास के रूप में जानल जाला। नैमिषारण्य के पौराणिक महत्व के देखत सरकार ‘नैमिषारण्य तीर्थ विकास परिषद’ के गठन कईले बिया।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शुक्रवार के सीतापुर के बाद लखीमपुर खेरी के राजकीय इंटर कॉलेज में चुनावी बैठक के संबोधित करत कहले कि, हमनी के धार्मिक स्थल राष्ट्रीय एकीकरण के प्रतीक ह। एही दिशा में हमनी के सरकार छोटी काशी के नाम से जानल जाए वाला गोला गोकर्ण धाम गलियारा के निर्माण कर रहल बिया।” उ कहले कि, “गलियारा के निर्माण के काम पूरा हो गईल त इहाँ पर्यटक आ जईहे। एकरा से इहाँ के लोग के रोजगार मिली।” मुख्यमंत्री कहले कि, ‘हमनी के सरकार दुधवा नेशनल पार्क में इको टूरिज्म के बढ़ावा दे रहल बिया। हमनी के नैमिषारण्य में गोला गोकर्णनाथ खातिर कार्य योजना बनावत बानी जा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]