[the_ad_group id="30365"]

UP News: यूपी में होमगार्ड जवानन के भोजन भता में जबरदस्‍त बढ़ोतरी, योगी कैब‍िनेट प्रस्‍ताव के देलस स्वीकृति 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Up news: उत्तर प्रदेश शासन होमगार्ड जवानन के भोजन भत्ता बढ़ावे के निर्णय कइले बा। सीएम योगी के निर्देश पऽ कैबिनेट होमगार्ड जवानन के भोजन भत्ता 30 रुपए से बढ़ा के 120 रुपए करे जाए के प्रस्ताव के स्वीकृति देले। होमगार्ड मुख्यालय ने ई प्रस्ताव शासन के भेजल गइल रहें आ एकरा खातिर लगातार पैरवी कइल जात रहें।

होमगार्ड जवानन के ड्यूटी खातिर एक जिला से दूसरका जिला में भेजला पऽ अबले ड्यूटी भता के भुगतान के साथे प्रतिदिन भोजन भत्ता के रूप में 30 रूपिया देवे के व्यवस्था रहें। अब उऽ रोज भोजन भत्ता के रूप में 120 रुपये के भुगतान होई। होमगार्ड मुख्यालय ई प्रस्ताव शासन के भेजले रहें आ एकरा खातिर लगातार पैरवी कइल जा रहल बा।

किसानन के निजी नलकूपन से सिंचाई खातिर मुफ्त बिजली

विधान सभा चुनाव के दौरान भाजपा के लोक कल्याण संकल्प पत्र में कइल गइल वादा के पूरा करत योगी सरकार किसानन के निजी नलकूपन से सिंचाई खातिर मुफ्त बिजली देवे के निर्णय कइलस। मंगर के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के अध्यक्षता में उनकर सरकारी आवास पऽ भइल कैबिनेट बइठक में ई फैसला भइल।

राज्य सरकार के ए निर्णय से प्रदेश के ग्रामीण आ नगरीय क्षेत्रन के कुल 14,78,188 नलकूपन से सिंचाई करे वाला लगभग डेढ़ करोड़ किसानन के फायदा होई। ए किसान लो के निजी नलकूपन से सिंचाई खातिर इस्तेमाल कइल गइल बिजली के बिल में पहिले अप्रैल 2023 से शत-प्रतिशत छूट दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]