[the_ad_group id="30365"]

यूपी: ताजमहल के बम से उड़ाए के मिलल धमकी, मचल हड़कंप

ताजमहल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एह समय के बड़ खबर आगरा, यूपी से सामने आ रहल बा। आगरा के ताजमहल के आजु ईमेल के माध्यम से बम के धमकी मिलल बा। एसीपी ताज सुरक्षा सैयद अरिब अहमद के कहल बा कि पर्यटन विभाग के ईमेल मिल गइल बा. ओही आधार पs ताजगंज थाना में मामला दर्ज हो रहल बा। आगे के जांच हो रहल बा।

पूरा मामिला का बा?
ध्यान देवे वाला बात बा कि कुछ समय से स्कूल, ट्रेन, होटल अवुरी फ्लाइट पs बमबारी के धमकी देवे के मामला में बढ़ोतरी होखता। हालांकि एहमें से अधिकतर धमकी नकली पावल गइल बा. बाकिर ताजमहल एगो विश्व प्रसिद्ध धरोहर हs अवुरी एकरा के धमकावे के मामिला के बहुत गंभीरता से लिहल जाता। 
धमकी के बाद ताजमहल के भीतर आ बाहर के इलाकन में गहन जांच अभियान चलावल जा रहल बा। सीआईएसएफ के टीम ताजमहल के भीतर जांच कईले बिया अवुरी आसपास के इलाका के तलाशी लिहल जाता। हालांकि खबर लिखे के समय तक कवनो संदिग्ध वस्तु बरामद नईखे भईल।

इहो पढ़ीं: सेहत: फल आ जूस शरीर खातीर का बा जादा फायदेमंद

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]