[the_ad_group id="30365"]

यूपी: शाहजहांपुर में बड़ सड़क हादसा, कार आ बाइक के टक्कर से 6 लोगन के मउत

शाहजहांपुर में बड़ सड़क हादसा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के शाहजहांपुर में एगो बड़हन सड़क हादसा हो गइल बा. बदनापुर थाना क्षेत्र में भइल एह दुखद हादसा में 6 लोग के मउत हो चुकल बा आ एक जने घायल हो गइल बा. इs हादसा एगो इको अवुरी बाइक के टक्कर के चलते भईल। बाइक में चार लोग सवार रहले, जवन कि बेकाबू होके इको कार से टकरा गईल।

बाइक सवार के मौका पs मउत हो गईल

दुर्घटना में बाइक सवार चार लोग के मौका पs मउत हो गईल, जबकि इको सवार दु लोग के भी मउत हो गईल। घाही के मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल बा, जहां उनुकर इलाज चलता। मौका पs पहुंच के पुलिस मामला के जांच शुरू कs देलस अवुरी शव के पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस।

मृतकन के बारे में सामने आईल जानकारी
सुधीर पुत्र ओमकार उमिर करीब 40 बरिस
सोनू पुत्र पुत्तुलाल उमिर करीब 18 बरिस
रवि पुत्र सूरजपाल उमिर करीब 20 बरिस
आकाश पुत्र राजू उमिर करीब 20 बरिस
दिनेश पुत्र भीमसेन उमिर करीब 19 बरिस
अभिषेक पुत्र मेवाराम उमिर करीब 19 बरिस

सीएम योगी घटना के संज्ञान लिहले

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शाहजहांपुर में भईल सड़क दुर्घटना के संज्ञान लेले बाड़े। मुख्यमंत्री मरेवाला के शोक संतप्त परिवार के प्रति संवेदना जतवले बाड़े। मुख्यमंत्री जिला प्रशासन के अधिकारी के निर्देश देले बाड़े कि घायल लोग के तुरंत अस्पताल ले जाके उचित इलाज करावे के चाही। एकरा संगे घायल लोग के जल्दी ठीक होखे के कामना भी जतावल गईल।

ध्यान देवे वाला बात बा कि उत्तर प्रदेश में लगभग हर दिन दुर्घटना के मामला सामने आवेला, जवना में लोग के जान जाला। कई बेर लोग ट्रैफिक नियम के पालन ना करेले अवुरी पुलिस जब सख्त हो जाले तs एकर विरोध भी करेले। अयीसना में सड़क पs चलेवाला यात्री के सतर्क रहे के सलाह दिहल जाता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]