[the_ad_group id="30365"]

UP News: जामा मस्जिद के सीढ़ी के नीचे श्रीकृष्ण विग्रह के मामिला, अब एह तारीख के केस में सुनवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आगरा के जामा मस्जिद के सीढ़ी के नीचे श्रीकृष्ण विग्रह के मौजूदगी के मामिला में सोमवार के कोर्ट में सुनवाई भइल। कोर्ट ए मामिला में सुनवाई के अगिला तारीख 28 अगस्त के तय कइले बिया।

उत्तर प्रदेश के आगरा में लघु कारण न्यायालय में लंबित श्री कृष्ण जन्मभूमि संरक्षित सेवा ट्रस्ट आदि बनाम उत्तर प्रदेश सुन्नी केंद्रीय वक्फ बोर्ड आदि के मामला में सोमवार के सुनवाई भइल। भारत के पुरातत्व सर्वेक्षण एकरा से पहिले आपत्ति जतवले रहे। एकरा बाद कोर्ट सुनवाई खातीर 28 अगस्त तय कs देलस।

श्री कृष्ण विग्रह मामला में जामा मस्जिद के सीढ़ी के जीआरपी सर्वे खातिर दिहल आवेदन अभी तक कोर्ट में विचाराधीन बा। सोमवार के सुनवाई के दौरान विपक्षी पुरातत्व विभाग आ वादी के वकील के बीच न्यायक्षेत्र के बिंदु पs बहस भइल।

कोर्ट वादी के आवेदन के संगे-संगे शिकायत में संशोधन के आदेश, 6 नियम आ 17 सिविल प्रक्रिया के स्वीकार कs लेलस। अब भारत के पुरातत्व सर्वेक्षण, भारत सरकार के संस्कृति मंत्रालय आ जामा मस्जिद के व्यवस्था समिति ए मामला में विपक्षी दल बन गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]