[the_ad_group id="30365"]

Bank Holiday: यूपी में मई महीना में 11 दिन बंद रहीं बैंक, जानीं कब-कब रही छुट्टी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगर रउरो मई महीना में बैंक जाए के सोचत बानी तs ई खबर रउरा खातिर बा. सरकारी बैंक मई महीना में छुट्टी के एलान कs दिहले बाड़े। मई महीना में अतवार के चलते 5, 12, 19 आ 26 मई के बैंक बंद रही. दूसरा आ चउथा शनिचर के चलते 10 आ 24 मई के बैंक बंद रही। बुद्ध पूर्णिमा के चलते 23 मई के बैंक छुट्टी होई।

एकरा अलावा सात मई के होखे वाला लोकसभा चुनाव में मतदान के चलते संभल, हाथरस, आगरा, फतेहपुर सीकरी, फिरोजाबाद, मैनपुरी ,एटा, बदायूं, आंवला अवुरी बरेली में बैंक अवुरी बाकी संस्थान बंद रही। एकरा अलावे चउथा चरण में 13 मई के मतदान के चलते शाहजहांपुर, खीरी, धौरहरा , सीतापुर,  हरदोई , मिश्रिख, उन्नाव ,फर्रुखाबाद, इटावा, कन्नौज, कानपुर, अकबरपुर अवुरी बहराइच में बैंक अवुरी बाकी संस्थान बंद रही।

प्राइमरी स्कूल में एतना दिन छुट्टी होई

त ओईजवे पांचवा चरन में 20 मई के मतदान होखे वाला बा। जवना के चलते मोहनलालगंज, लखनऊ, रायबरेली, अमेठी , जालौन , झांसी , हमीरपुर, बांदा , फतेहपुर , कौशांबी , बाराबंकी, फैजाबाद , कैसरगंज अवुरी गोंडा में बैंक अवुरी बाकी संस्थान बंद रही। छठवाँ चरन के मतदान 25 मई के होखे वाला बा जवना के चलते सुल्तानपुर, प्रतापगढ़, फूलपुर, प्रयागराज, अंबेडकर नगर, श्रावस्ती , डुमरियागंज, बस्ती, संत कबीर नगर, लालगंज, आजमगढ़, जौनपुर, मछली शहर आ भदोही में बैंक अवुरी बाकी संस्थान बंद रही.

एकरा अलावे अबकी बेर प्राथमिक विद्यालय में गर्मी के छुट्टी 20 मई से शुरू होई अवुरी जून ले जारी रही। एह दौरान बुद्ध पूर्णिमा आ बड़का मंगल भी पड़ रहल बा जब लइकन के स्कूल बंद रही। बुद्ध पूर्णिमा 23 मई के बा आ बड़का मंगल 28 मई के बा। बता दीं कि यूपी समेत देश भर में दु चरण के मतदान प्रक्रिया पूरा हो चुकल बा। अब प्रशासन तीसरा चरन के तइयारी में व्यस्त बा. तीसरा चरन में 7 मई के मतदान हो रहल बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]