[the_ad_group id="30365"]

खतौली में गिरल तीन मंजिला भवन, दु लोग घायल, 300 बेजुबानन के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खतौली के घर में जसही दरार देखाई देवे लागल, ओसही आसपास के इलाका के खाली कऽ दिहल गइल तबो दु लोग घायल हो गइले। शनिचर के देर रात खतौली के मोहल्ला मिठुलाल में पतंग बेचे वाला नावेद के तीन मंजिला खाली मकान गिर गइल। दुर्घटना में पड़ोसी हाजी अनीस के घर के दूसरा मंजिल पूरा तरह से क्षतिग्रस्त हो गइल। बतावल जाता कि नवेद के घर के तीसरा मंजिल से निकलल लिंटर हाजी अनीस के घर के छत प गिर गइल बा। एह दौरान सड़क प खड़ा दु लोग के मामूली चोट आइल।

खतौली में गिरल मकान

घर में दरार देख के मोहल्ला के लोग कई घंटा पहिले नावेद अवुरी आसपास के मकान खाली कऽ देले रहले। लिंटर गिरला से पड़ोसी अशफाक के घर के ऊपरी मंजिल के दीवार अउरी अफजल के घर के दीवार गिर गइल। सड़क पs लिंटर मलबा गिरला के चलते सड़क बंद क दिहल गइल बा।

जाल में बंद कबूतरन के मौत हो गइल

छत पs जाल में फंसल हाजी अनीस के 300 पालतू कबूतर के मौत हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]