[the_ad_group id="30365"]

UP Nikay Chunav 2023:शाहजहांपुर में सपा केकरा के मेयर के उम्मीदवार बनाई, अखिलेश यादव खातीर बढ़ गईल तनाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

यूपी नगर निकाय चुनाव 2023 : शाहजहांपुर से समाजवादी पार्टी के मेयर पद के उम्मीदवार अर्चना वर्मा अतवार के दिने भारतीय जनता पार्टी में शामिल हो गइली। एकरा बाद भाजपा उनुका के खुद शाहजहांपुर से मेयर पद के टिकट दे दिहलस।

अर्चना उपमुख्यमंत्री बृजेश पाठक, कैबिनेट मंत्री सुरेश कुमार खन्ना आ जेपीएस राठौर के मौजूदगी में भाजपा में शामिल भईली। कुछ घंटा बाद पार्टी उनुका के शाहजहांपुर से मेयर पद के उम्मीदवार भी घोषित क देलस। भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र सिंह चौधरी के हस्ताक्षर से जारी सूची में अर्चना के नाम शामिल बा।

ब्रजेश पाठक का कहले?

ब्रजेश पाठक कहले कि पार्टी के केन्द्रीय आ प्रदेश नेतृत्व के ओर से अर्चना वर्मा के पार्टी के सदस्यता देवे के फैसला भईल बा। संगही उ कहले कि अर्चना के ससुर राम मूर्ति वर्मा चार बेर विधायक (तीन बेर शाहजहांपुर के जलालाबाद क्षेत्र से आ एक बेर ददरौल से) विधायक रहले। शाहजहांपुर (1996) से एक बेर के सांसद भी रहलें। शाहजहांपुर में दूसरा चरण के मतदान 11 मई के होई, मतगणना 13 मई के होई।

 

इहाँ बा वोटिंग

सिंह कहले कि उपमुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य आ ब्रजेश पाठक क्रमशः झांसी आ गाजियाबाद में ए यात्रा के झंडा देखावे के काम करीहे। शहरी स्थानीय निकाय के चुनाव 4 मई आ 11 मई के मतदान होई। वोट के गिनती 13 मई के होई। शहरी निकाय के चुनाव में मेयर के 17, पार्षद के 1420, नगर पालिका परिषद अध्यक्ष के 199, नगर पालिका परिषद सदस्य के 5327, नगर पंचायत अध्यक्ष के 544 आ नगर पंचायत सदस्य के 7178 सीट पे मतदान होई।

सपा के नयका उम्मीदवार के घोषणा करे में अभी कुछ घंटा बाचल बा। अयीसना में चर्चा तेज हो गईल बा कि आखिरी समय में सपा के रणनीति का होई?

साभार- abp live

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]