Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी में युवक की हत्या पs बवाल

भाजपा के जीत पs बाबर बटले रहने मिठाई, पड़ोसी लोग पीट-पीट के मुआ देहल

174

उत्तर प्रदेश के कुशीनगर जिला के रामकोला में भाजपा के पक्ष में वोट देहले अउर जीत पs खुशी मनवले पs पिटाई में घायल युवक लखनऊ में इलाज के दौरान दम तूड़ देहने। शनिवार के सांझ के ओनकर लाश घरे लावल गइल। रविवार बिहाने परिजन लोग आरोपियन पs कार्रवाई के मांग के ले के लाश के घर के दरवाजे पs रखकर हंगामा कइने। ई जानकारी मिलले के बाद क्षेत्रीय विधायक पीएन पाठक अउर एसडीएम ओंकरे घरे पहुंचलें।

दूनो ने आरोपियन के खिलाफ कड़ा कार्रवाई के आश्वासन देके परिजनन के राजी कइने। एकरे बाद परिजन लोग लाश के सुपुर्द-ए-खाक कइल। रामकोला रहलनाक्षेत्र के गांव कठघरही निवासी 30 वर्षीय बाबर के भाजपा के पक्ष में वोट देने अउर क्षेत्रीय विधायक पीएन पाठक के जीत पs गांव में मिठाई बंटले अउर पटाखा फोड़ले पs ओकर पड़ोसी लोग मारपीट कs के गंभीर रूप से घायल कर देहने।
ओनकर इलाज लखनऊ के एक निजी अस्पताल में चलत रहल। शुक्रवार के उनकर मौत हो गइल। शनिवार के रात लाश गांव लावल गइल। रविवार बिहाने आठ बजे परिजन लाश के घर के दरवाजे पs रखकर एसडीएम के बुलवले के मांग करे लगने।

करीब छह घंटे बाद मौका पs पहुंचल एसडीएम कसया वरुण कुमार पांडेय पीड़ित परिवार के आरोपियन के गिरफ्तारी के आश्वासन देहने। क्षेत्रीय विधायक पीएन पाठक पीड़ित परिवार के बचवन के पढ़ाई के जिम्मा लेत न्याय दिलववले के आश्वासन देहने। एसओ डीके सिंह बतवने कि मामला में मुकदमा दर्ज कs लेहल गइल बा। दू आरोपियन के गिरफ्तारी भी कs लेहल गइल बा। अन्य के गिरफ्तारी खातिर दबिश देहल जा रहल बा।
मामला में रविवार के मुख्यमंत्री योगी ट्वीट कsके कुशीनगर के कठघरही गांव के बाबर के लोग के पिटाई से भइल मौत पs गहरा शोक व्यक्त कइले बाने। मुख्यमंत्री शोक संतप्त परिजनन के प्रति संवेदना व्यक्त कइले हवें। ऊ मामला के गहनता से निष्पक्ष जांच खातिर अधिकारी लोग के निर्देश देहने।

साभार – अमर उजाला

232590cookie-checkयूपी में युवक की हत्या पs बवाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.