[the_ad_group id="30365"]

UP: रेल प्रशासन के गलती से टूटल पटरी पs दौड़ल केरल एक्सप्रेस, बड़ा हादसा होत-होत बचल

टूटल पटरी पs दौड़ल केरल एक्सप्रेस: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तिरुवंतपुरम से नई दिल्ली जाए वाली केरल एक्सप्रेस एगो बड़ दुर्घटना के शिकार होके बाल-बाल बचल।  रेल प्रशासन के गलती के चलते ललितपुर के नजदीक टूटल पटरी पs ट्रेन चल गईल। पटरी पs काम करेवाला रेलवे के मजदूर ट्रेन के रोके खातीर लाल झंडा देखवले बाकिर तब ले ट्रेन के तीन कोच टूटल पटरी से आगे निकल गईल रहले। एकरा बाद जब ट्रेन झांसी पहुंचल तs ट्रेन में मौजूद यात्री हंगामा मचवले।

जानकारी के मुताबिक केरल एक्सप्रेस समय से 10 घंटा पीछे चलत रहे अवुरी एs दौरान इs दैलवारा से ललितपुर के बीच पटरी पार करत रहे, बाकिर एकरा संगे रेलवे के मजदूर पटरी मरम्मत के काम भी करत रहले। अयीसना में केरल एक्सप्रेस बहुत तेज रफ्तार से उहाँ पहुंच गईल। इहाँ काम करे वाला रेलवे मजदूर लाल झंडा देखा के ट्रेन के रोके के कोशिश कईले लेकिन ट्रेन ना रुकल

एकरा बाद रेलवे के मजदूर पटरी छोड़ के भाग गईले। एकरा संगे जब ट्रेन के चालक लाल झंडा देखले तs इमरजेंसी ब्रेक लगा देले बाकिर तब ले ट्रेन के तीन कोच टूटल पटरी से आगे निकल गईल रहले। अचानक ब्रेक लगावे के चलते ट्रेन में जोरदार झटका लागल, जवना के चलते यात्री के बीच चिल्लाहट मच गईल। एकरा बाद यात्री लोग हंगामा मचवले अवुरी रेलवे के खिलाफ नारा लगावे लगले। सौभाग्य के बात बा कि एह हादसा में केहू के कवनो नुकसान ना भइल. बाकिर जब ट्रेन झांसी पहुंचल तs यात्री लोग रेल प्रशासन के खिलाफ नारा लगावत पहुंचल अवुरी कवनो तरीका से यात्री के मना के ट्रेन भेज देलस।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]