[the_ad_group id="30365"]

कानपुर में रेल पलटले के साजिश में आइल एह खूंखार आतंकी संगठन के नाव

कानपुर में प्रयागराज से भिवानी जात कालिंदी एक्सप्रेस: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हाल ही में कानपुर में प्रयागराज से भिवानी जात कालिंदी एक्सप्रेस (14117) के एलपीजी सिलेंडर से उड़ावे के साजिश के मामला सामने आईल। एह साजिश के लेके सुरभा एजेंसियन अलर्ट मोड पs बाड़ी सँ. जानकारी के मुताबिक शुरुआती जांच में एs घटना में आतंक के संबंध के सबूत मिलल बा। जांच एजेंसियन के शक बा कि एह घटना के मास्टरमाइंड एगो सेल्फ रेडिक्लाइज शख्स हs.

आईएसआईएस के खुरासन मॉड्यूल के लिंक

कानपुर में ट्रेन के पलटे के साजिश में आईएसआईएस के खुरासन मॉड्यूल के शामिल होखे के आशंका जांच एजेंसियन के बा। एह मॉड्यूल से जुड़ल आतंकियन के सोशल मीडिया प्लेटफार्म के माध्यम से जिहादी बनावल जाला यानी ओह लोग के ब्रेनवाश कइल जाला। सोशल मीडिया के माध्यम से बम बनावे जईसन प्रशिक्षण दिहल जाला.

कानपुर के रेल पटरी पs मिलल प्रकार के सामग्री के चलते आरोपी सेल्फ रेडिक्लाइज हो सकता। पाकिस्तान में बइठल आईएसआईएस के कमांडर फरतुल्लाहघोरी आतंकवाद पs ऑनलाइन क्लास देत बाड़न. फरतुल्लाहघोरी हाल ही में भारत के एगो ट्रेन के पलटे के आदेश अपना ऑडियो क्लिप के माध्यम से देले रहले।

12 लोग के हिरासत में 

कानपुर शिवराजपुर ट्रेन पटरी से उतरे के साजिश के मामला में अबे ले जांच एजेंसी 219 कैमरा के फुटेज एकट्ठा कs लेले बिया। 100 से अधिका लोग से पूछताछ हो चुकल बा। कानपुर पुलिस गैस सिलेंडर के लेके तीन एजेंसी से पूछताछ कईले बिया। एकरा संगे सिलेंडर पs लिखल सीरियल नंबर से इs पता लगावे के भी प्रयास कईल जाता कि सिलेंडर केकरा दिहल गईल। डॉग स्क्वाड के सर्च ऑपरेशन के दौरान सुंघे वाला कुत्ता झाड़ी में घुस गईल रहे। अधिकारी के मुताबिक आरोपी झाड़ी में लुका के साजिश के अंजाम देले रहले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]