[the_ad_group id="30365"]

इलाहाबाद हाईकोर्ट में निकलल कईगो पदन पs भर्ती, ईहां देखी पूरा डिटेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अगर रउवा सरकारी नौकरी के तलाश में बानी तs इ खबर रउवा खातिर उपयोगी बा। इलाहाबाद हाईकोर्ट यूपी उच्च न्यायिक सेवा 2023 के परीक्षा जारी कs दिहलस। एडवोकेट पद खातिर आवेदन करे के चाहत उम्मीदवार इलाहाबाद हाईकोर्ट के आधिकारिक वेबसाइट allahadahighcourt.in के माध्यम से ऑनलाइन आवेदन कs सकतारे। एह बहाली अभियान के माध्यम से कुल 83 पद पs बहाली होखे के बा। पात्रता, चयन प्रक्रिया आ एह से जुड़ल अउरी जानकारी खातिर नीचे पढ़ीं।

महत्वपूर्ण तारीख

आवेदन शुरू होखे के तारीख: 15 जनवरी, 2024

आवेदन के अंतिम तारीख: 29 फरवरी, 2024

वैकेंसी डिटेल

एससी: 17 पद

एसटी: 01 पद

ओबीसी: 22 पद

ईडब्ल्यूएस: 08 पद

अनारक्षित: 35 पद

योग्यता

एह पदन खातिर आवेदन करे के चाहत उम्मीदवार अधिसूचना पs उपलब्ध शैक्षणिक योग्यता के जाँच कs सकेलें।

उमिर

उम्मीदवार के उमिर सीमा 01.01.2024 के 35 साल से 45 साल के बीच होखे के चाहीं।

परीक्षा के शुल्क 

एह पदन खातिर आवेदन करे वाला जनरल/ओबीसी/ईडब्ल्यूएस श्रेणी के उम्मीदवारन खातिर ₹1400, अनुसूचित जाति/जनजाति श्रेणी खातिर ₹1200, जनरल/ओबीसी/ईडब्ल्यूएस खातिर ₹750/-, पीडब्ल्यूडी श्रेणी के ₹ 500/-। एकरा से जुड़ल अवुरी जानकारी खातीर उम्मीदवार इलाहाबाद हाईकोर्ट के आधिकारिक वेबसाइट पs जा सकतारे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]