Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मोदी-योगी UP के देवे जा रहल बा लो बड़ सौगात, 80 हजार करोड़ रुपिया के निवेश; 5 लाख रोजगार के उम्मेद

पीएम मोदी उत्तर प्रदेश के 80 हजार करोड़ रूपिया के 1406 प्रॉजेक्ट्स के सौगात दिहें। एमे से सबसे जादे  58,672 करोड़ रुपिया के 865 प्रॉजेक्ट्स वेस्ट यूपी के मिले जा रहल बा। 5 लाख रोजगार के उम्मेद।

3,518
मोदी-योगी UP को देने जा रहे बड़ी सौगात, 80 हजार करोड़ रुपए का निवेश; 5 लाख रोजगार की उम्मीद

Ground Breaking Ceremony UP: प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सुक के उत्तर प्रदेश आ रहल बाड़े।  राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद के पैतृक गांव में आयोजित कार्यक्रम में हिस्सा लेला के संगही ऊ तीसरा ‘ग्राउंड ब्रेकिंग सेरेमनी’ में शिरकत करिहे। एह दौरान ऊ प्रदेश के 80 हजार करोड़ रुपिया के 1406 प्रॉजेक्ट्स के सौगात दिहें। एमे से सबसे बेसी 58,672 करोड़ रुपिया के 865 प्रॉजेक्ट्स वेस्ट यूपी के मिले जा रहल बा।  उत्तर प्रदेश सरकार के एह निवेश से 5 लाख रोजगार के सृजन के आस बा।

एह सेक्टरन में होई निवेश
सबसे जादे पिछड़ल समझल जाये आला पूर्वी यूपी के 290 प्रॉजेक्ट्स मिले जा रहल बा आ एमे 9,617 करोड़ रुपिया के निवेश होई। अवध क्षेत्र के 8,997 करोड़ रुपिया के 217 प्रॉजेक्ट मिली। बुंदेलखंड में 34 परियोजनन में 2,938 करोड़ रुपिया के निवेश कइल जाई। ई निवेश डेटा सेंटर, एग्रीकल्चर, आईटी-इलेक्ट्रॉनिक्स, इन्फ्रास्ट्रक्चर, मैन्युफैक्चरिंग, हैंडलूम-टेक्सटाइल्स, रिन्यूएबल एनर्जी, एमएसएमई, हाजिंग-हेल्थकेयर, डिफेंस आ एयरोस्पेस जइसन  सेक्टर में होई।

4.28 लाख करोड़ रुपिया के साइन भइल रहे एमओयू
805 प्रॉजेक्ट एमएसएमई सेक्टर से जुडल बा, जवना से  4,459 करोड़ रुपिया के निवेश आई। औद्योगिक विकास मंत्री नंद गोपाल  ‘नंदी’ के मोताबिक बहुत सारा परियोजनन में पहिलही कॉमर्शल एक्टिविटी सुरू हो चुकल भा होखे के बा। राज्य सरकार 2018 में 21-22 फरवरी के दु दिन के यूपी इन्वेस्टर समिट के आयोजन कइले रहे। एह इवेंट के दौरान यूपी सरकार सरकारी आ निजी कंपनियन से  4.28 लाख करोड़ रुपिया के 1,045 एमओयू साइन कइले रहे।

कब केतना प्रॉजेक्ट के सुरुआत
सरकार 29 जुलाई 2018 के पहिला ग्राउंड ब्रेकिंग सेरेमनी के आयोजन कइले रहे। एमे 61,792 करोड़ रुपिया के निवेश से 81 परियोजनन के सुरुआत भइल रहे। दूसरका ग्राउंड ब्रेकिंग सेरेमनी के आयोजन 28 जुलाई 2019 के कइल गइल रहे। तब 67,202 करोड़ रुपिया के निवेश से 290 प्रॉजेक्ट के सुरुआत भइल।

कवना हिस्सा में केतना निवेश
पश्चिमी उत्तर प्रदेश-73%
पूर्वी उत्तर प्रदेश-12%
अवध क्षेत्र-11%
बुंदेलखंड-4%

कवना सेक्टर में केतना निवेश 
डेटा सेंटर-25%
एग्रीकल्चर – 14%
आईटी-इलेक्ट्रॉनिक्स- 10%
इन्फ्रास्ट्रक्चर– 8%
मैन्युफैक्चरिंग- 8%
हैंडलूम, टैक्सटाइल- 7%
एमएसएमई, हाउजिंग, रिन्यूएबल एनर्जी- प्रत्येक में 6%
हेल्थकेयर-3%
वेयरहाउजिंग, लॉजिस्टिक्स, डिफेंस, एयरोस्पेस- प्रत्येक में 2%
एजुकेशन, फार्माशूटिकल, डेयरी, टूरिजम-1%

बड़ कंपनियन के लिस्ट 
₹9,100 करोड़ (सितंबर 2022)
डेटा सेंटर पार्क- ग्रेटर नोएडा
एनआईडीपी डिवेलपर्स प्राइवेट लिमिटेड, हीरानंदानी ग्रुप ऑफ कंपनीज

अडाणी एंटरप्राइजेज  
₹2,706 करोड़ और ₹2,416 करोड़
नोएडा में दो डेटा सेंटर

माइक्रोसॉफ्ट इंडिया  
₹2,186 करोड़
न्यू सॉफ्टवेयर डिवेलपमेंट सेंटर, नोएडा

नोएडा अपेरल एक्सपोर्ट क्लस्टर  
₹3,500 करोड़
यमुना एक्सप्रेस वे क्षेत्र
रेडीमेड गारमेंट एमएसएमई एक्सपोर्ट यूनिट्स

फेयरफोक्स आईटी इन्फ्रा प्राइवेट लिमिटेड  
₹1,200 करोड़
आईटी पार्क नोएडा

एबी माउरी इंडिया प्राइवेट लिमिटेड 
₹1,100 करोड़

पावर ग्रिड कॉर्पोरेशन ऑफ इंडिया 
₹975 करोड़
400 KV ट्रांसमिशन लाइन्स
लखनऊ

गालेंट इस्पात लिमिटेड
गोरखपुर ₹819 करोड़
स्टील प्लांट

यशोदा पाउंडेशन
₹800 करोड़
500-बेड अस्पताल
गाजियाबाद

डालमिया भारत ग्रीन विजन लिमिटेड 
₹600 करोड़
सीमेंट प्लान
मिर्जापुर

266220cookie-checkमोदी-योगी UP के देवे जा रहल बा लो बड़ सौगात, 80 हजार करोड़ रुपिया के निवेश; 5 लाख रोजगार के उम्मेद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.