[the_ad_group id="30365"]

यूपी सरकार कs दिहलस स्कूलन में छुट्टी के ऐलान, एह दिन से शुरू होई विंटर वेकेशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

स्कूल शिक्षा महानिदेशालय से स्कूलन के भेजल जानकारी के मुताबिक परिषद के स्कूल में शीतकालीन छुट्टी 30 दिसंबर से 31 दिसंबर ले अगिला साल 14 जनवरी ले बढ़ावल जाई। एs संबंध में उत्तर प्रदेश बेसिक एजुकेशन काउंसिल के ओर से एगो आदेश भी जारी कईल गईल बा, जवना के मुताबिक जाड़ा में मौसम में बदलाव के देखत सक्षम प्राधिकारी के ओर से स्कूल के संचालन के समय में बदलाव कईल जा सकता।

कुछ जिलन में छुट्टी सुरू

हालांकि राज्य के कुछ जिला में निजी स्कूल में बीयफ़ें से ही छुट्टी शुरू हो गईल बा। वाराणसी जिला के सेंट मैरी समेत बहुत स्कूल में छुट्टी घोषित कs दिहल गईल बा। अब ई स्कूल 3 जनवरी के खुल जाई। एही तरे आगरा के आईसीएसई स्कूल में छुट्टी शुरू हो गईल बा।

सीबीएसई के स्कूलन में दिसंबर के आखिरी दिन से 8 से 10 जनवरी ले छुट्टी रही। सेंट पॉल्स चर्च कॉलेज यूनिट प्रथम में जहां 16 दिसंबर से 8 जनवरी ले छुट्टी बा, उहें सेंट पॉल्स चर्च कॉलेज यूनिट द्वितीय शाखा के प्रिंसिपल संचिदा दानी बतवली कि स्कूल में 19 से 8 तक छुट्टी होई। पैट्रिक्स, कॉनरेड आ पीटर्स के छुट्टी 22 दिसंबर से शुरू होखी। सेंटर पीटर्स के प्रिंसिपल फादर भाष्कर राजसू बतवले कि 23 दिसंबर से स्कूल में छुट्टी होई।

एह दिन भी स्कूल बंद

बता दी कि क्रिसमस डे 25 दिसंबर के मनावल जाला आ एही से एह दिन सगरी स्कूल बंद रही। एकरा संगे 24 दिसंबर के अतवार के छुट्टी होई जवना के चलते स्कूल बंद रही। जवना जिला में निजी स्कूल 3 जनवरी तक बंद बा, ओहिजा अगर मौसम खराब हो गईल तs स्कूल के छुट्टी बढ़ सकता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]