[the_ad_group id="30365"]

बिहार में यूपी के डांसर से गैंगरेप, हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

यूपी के डांसर (25) के साथे बिहार में सामूहिक बलात्कार भइल। छपरा में शनिवार के 15 लईका ओकरा के आरा मशीन में ले जा के दुष्कर्म कईले। रविवार के लईकी के मधौरा स्वास्थ्य केंद्र में भर्ती करावल गईल। सोमार के दिने उनकर तबियत बिगड़ला के बाद छपरा सदर अस्पताल रेफर कर दिहल गइल। जहाँ उनकर स्थिति बहुते नाजुक बा। लईकी आर्केस्ट्रा में नाचेले। उनुकर साथी अस्पताल में हंगामा मचवले। घटना मशरख थाना क्षेत्र के ह।

सदर अस्पताल में पीड़िता के संगे काम करत दुगो डांसर बतवली कि पीड़िता मशरख थाना क्षेत्र में 1 साल से आर्केस्ट्रा में डांसर के काम करत रहे। कुछ दिन पहिले आर्केस्ट्रा के मालिक ओकरा के दस हजार रुपिया में दोसरा आर्केस्ट्रा मालिक के बेच दिहले रहुवे। उ 3 दिन पहिले अपना घरे जात रहली। उ कहले रहली कि उ गोंडा में अपना घरे जात बाड़ी, लेकिन घरे ना गईली अवुरी मशरख में रह गईली। शनिचर के रात नशा में धुत्त करावे के बाद करीब 15 लोग सामूहिक दुष्कर्म कईले।

पुलिस सोमार के दिने केस दर्ज कs लिहलस… 

अतवार के पड़ोसी उनुका के गंभीर हालत में अस्पताल में भर्ती करवले। गंभीर हालत के चलते सोमवार के उनुका के छपरा सदर अस्पताल में भर्ती करावल गईल। सारण के एसपी गौरव मंगला बतवले कि मशरख थाना क्षेत्र में एगो लईकी के संगे सामूहिक बलात्कार के मामला सोझा आईल बा। लईकी के शिकायत के बाद सोमार के देर सांझ मशरख थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गईल बा। पुलिस आरोपी के गिरफ्तारी खातीर छापामारी करतिया।

साभार- दैनिक भास्कर

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]