[the_ad_group id="30365"]

UP: सीएम योगी जी पूर्व पीएम अटल बिहारी के पुण्यतिथि पर श्रद्धांजलि दिहले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के पुण्यतिथि पs राष्ट्र के प्रति योगदान के याद करत उनका के श्रद्धांजलि दिहलें।

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के पुण्यतिथि पs श्रद्धांजलि देत राष्ट्र के प्रति उनका योगदान के याद कइले।

एह मौका पs ऊ सोशल मीडिया पs लिखले कि भारतीय राजनीति के अजातशत्रु ‘भारत रत्न’ पूज्य अटल जी आधुनिक भारत के निर्माण के नींव रखले।

लगभग 6 दशक तक बेदाग जीवन जीयत ऊ भारतीय राजनीति के नया ऊंचाई पs ले गइले। भारत के वैश्विक महाशक्ति के रूप में स्थापित करे खातिर उनका बढ़िया प्रयास के ई राष्ट्र हमेशा आभारी रही।

आज उनके पुण्यतिथि के अवसर पर उनके श्रद्धांजलि !

लोकभवन में आयोजित एह कार्यक्रम में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के अलावे उनकर कैबिनेट के बहुत साथी आ भाजपा के अधिकारी मौजूद रहले।

अटल बिहारी वाजपेयी के जनम 25 दिसम्बर 1924 के ग्वालियर में भइल रहे। 16 अगस्त 2018 के माने आज उनकर पुण्यतिथि हs। अटल बिहारी वाजपेयी के याद करत बहुत नेता उनका के श्रद्धांजलि देले आ उनका योगदान के याद कइले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]