UP : होमवर्क ना कइले पs 10वीं के छात्र गढ़लस अपने अपहरण के कहानी आ फेर…

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 23, 2024

  हरदोई में स्कूल से लवटत छात्र से पूछे के बहाने गाड़ी में सवार युवक दवाई सूंघ के बेहोश कs देले अवुरी ओकरा बाद अपहरण कs लेले। छात्र के आरोप बा कि जब उनुका होश

Share

 

हरदोई में स्कूल से लवटत छात्र से पूछे के बहाने गाड़ी में सवार युवक दवाई सूंघ के बेहोश कs देले अवुरी ओकरा बाद अपहरण कs लेले। छात्र के आरोप बा कि जब उनुका होश आईल तs युवक ओकरा से धार्मिक नारा लगा के ब्लेड से हमला कs देलस। एकरा बाद आरोपी देर सांझ के छात्र के सड़क पs फेंक के चल गईले। छात्र के इलाज खातीर अस्पताल ले आवल गईल।

मामला के लेके पुलिस अयीसन कवनो घटना से इनकार कईले बिया। पुलिस के कहनाम बा कि, बच्चा के सीसीटीवी में अकेले आवत देखाई देता। बच्चा से पूछला पs उs बतवले कि होमवर्क पूरा नईखे भईल एहसे उs स्कूल ना जाए के चाहत रहले अवुरी एहीसे पूरा कहानी मनगढ़ंत रहे। अपर पुलिस अधीक्षक पूर्वी नृपेन्द्र बतवले कि छात्र के भविष्य में अयीसन गलती मत करे के सलाह दिहल गईल बा।

बिलग्राम शहर के एगो स्थानीयता मलकांत के निवासी इs लईका दसवीं कक्षा के छात्र हs। पिता के संगे बिलग्राम थाना पहुंचला के बाद उs स्कूल से घरे जाए के बात बतवले। दुपहरिया के एक बजे चार लोग वैन में बईठवले। धार्मिक नारा बजावे के आरोप में उनुका के पीटल अवुरी यातना दिहल गईल। हाथ में तीन चार जगह चाकू मार के सांझ के गुलाब बाड़ी चुंगी पs छोड़ के भाग गईल।

पुलिस एs घटना के खंडन करत कहलस कि जब स्कूल के नजदीक लागल सीसीटीवी कैमरा के फुटेज देखलस तs पूरा बात गलत निकलल। जब पूछल गईल तs छात्र बतवले कि उs स्कूल नईखन जाए के चाहत, काहेंकी उनुकर होमवर्क पूरा नईखे भईल अवुरी एहीसे उs पूरा कहानी के मनगढ़ंत बना लेले बाड़े। अपर पुलिस अधीक्षक पूर्वी नृपेन्द्र बतवले कि छात्र के भविष्य में अयीसन गलती मत करे के सलाह दिहल गईल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.