[the_ad_group id="30365"]

UP Cabinet: योगी सरकार के डेढ़ करोड़ किसानन के सौगात, निजी नलकूप पs मिली फ्री बिजली कनेक्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के अध्यक्षता में मंगर के भइल कैबिनेट बैठक में किसानन के हित में बड़ फैसला लिहल गइल बार। कैबिनेट निजी नलकूप पs मुफ्त बिजली कनेक्शन देला के फैसला के मंजूरी दे देले बा। एकरा  से प्रदेश के डेढ़ करोड़ किसानन के मुफ्त बिजली कनेक्शन के लाभ मिली। ई योजना एक अप्रिल, 2023 से लागू होई। जवना के बाद से बकाया निजी नलकूप के बिल ना जमा करे के होई।

एकरा अलावा, प्रदेश कैबिनेट हाइड्रोजन नीति के मंजूरी दे देले बा। एह निर्णय से प्रदेश के अलग-अलग शहरन में ग्रीन हाइड्रोजन उत्पादन, हाइड्रोजन बस सहित आउर वाहन चलावे के योजना साकार हो सकी। प्रदेश में यूपीनेडा के ओर से ग्रीन हाइड्रोजन पॉलिसी बनावल गइल बा। अब एकरा के लागू करे के तइयारी बा। एह पालिसी के मंजूरी मिलला के बाद आउर वाहनन के संगही पाइप्ड नेचुरल गैस में मिलाके प्रयोग कइल जा सकी। मालूम होखे कि केंद्र सरकार के ओर से नेशनल ग्रीन हाइड्रोजन मिशन सुरू कइल गइल बा। अब एकरा के राज्यन के लागू करे के बा।

  • अंतरा में 800 मेगावाट के दु यूनिट एनटीपीसी के सहजोग से स्थापित कइल जाई। ऊर्जा मंत्री एके शर्मा कहलें कि एह निर्णय से हमनी के प्रदेश के ऊर्जा के क्षेत्र में आत्मनिर्भर बनावे के काम कs रहल बानी सs।
  • कृषि मंत्री सूर्य प्रताप शाही बतवलें कि पांच कृषि यूनिवर्सिटी में एकहs गो इक्यूबेटर सेंटर स्थापित कइल जाई।
  • औद्योगिक विकास मंत्री नंद गोपाल गुप्ता नंदी बतवलें कि अंतर्राष्ट्रीय फिल्म सिटी के निर्माण खातिर विकासकर्ता के चयन कइल गइल बा। पहिला चरण के लागत 1500 करोड़ रुपिया बा।
  • वित्तमंत्री सुरेश खन्ना के अनुसार, लखनऊ में मेट्रो के विस्तार के मंजूरी दिहल गइल बा।
  • 11 किलोमीटर नया मेट्रो रेल मार्ग बनावल जाई। चारबाग से बसंतकुंज तक के विस्तार होई।
  • राज्य राजधानी क्षेत्र के विकास खातिर अध्यादेश मंजूर कइल गइल बा। एह परियोजना में लखनऊ, सीतापुर, उन्नाव, बाराबंकी, हरदोई आ रायबरेली सामिल बा।
  • वित्तमंत्री के मोताबिक, पीलीभीत में नर्सिंग कॉलेज के स्थापना खातिर जमीन के निशुल्क आवंटन के प्रस्ताव मंजूर कइल गइल बा।
  • प्रयागराज में अति विशिष्ट अतिथि गृह बनी।
  • लखनऊ में आउटर रिंग रोड खातिर 439 करोड़ रुपिया के प्रस्ताव मंजूर कइल गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]