[the_ad_group id="30365"]

यूपी उपचुनाव: प्रभारी मंत्रियन से बोललें सीएम योगी, जीतम सs सब सीट, जरूरी बा लोगन से संवाद आ बूथ प्रबंधन

प्रभारी मंत्रियन के संगे सीएम के बैठक। - फोटो : अमर उजाला।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश के 9 विधानसभा सीटन पs होखे वाला उपचुनाव के लेके मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ उपमुख्यमंत्री, जिलन के प्रभारी मंत्री आ भाजपा संगठन के पदाधिकारियन के संगे महत्वपूर्ण बैठक कइलें। एह दौरान उपचुनाव के लेके व्यापक विचार विमर्श भइल आ रणनीति तइयार कइल गइल। बैठक में मुख्यमंत्री सब 9 सीटन पs उपचुनाव के जीते खातिर मंत्रियन आ पदाधिकारियन के जिम्मेदारियो निर्धारित कइलें।

हर सीट पs जीत सुनिश्चित करे खातिर पूरा निष्ठा से जुटल
बैठक के दौरान मंत्रियन आ पदाधिकारियन के बीच आपसी समन्वय के आउर जादे मजबूत करे पs जोर दिहल गइल। इहो तय भइल कि उपचुनाव में पार्टी के कवनो नेता अपना निर्धारित क्षेत्र में जिम्मेदारियन के निर्वहन करे में कवनो कमी ना छोड़े। मुख्यमंत्री कहलें कि उपचुनाव जीतल खाली चुनावी सफलता ना बलुक जनता के विश्वास के जीत होई, एहिसे हर सीट पs जीत सुनिश्चित करे खातिर पूरा निष्ठा आ समर्पण के संगे काम कइल जाये के चाहीं।

बूथ स्तर पs सटीक प्रबंधन आ निगरानी जरूरी

सीएम योगी पार्टी नेता आ कार्यकर्ता लोगन के बूथ स्तर तक चुनाव प्रबंधन के मजबूती से संभारे के निरदेस देलें। ऊ कहलें कि उपचुनाव में हर सीट महत्वपूर्ण बा आ एकरा खातिर बूथ स्तर पs सटीक प्रबंधन आ निगरानी जरूरी बा। मुख्यमंत्री नेता के अपना-अपना क्षेत्र में सक्रिय रहे आ जमीनी स्तर पs लोगन के बीच जाके चौपाल लगावे के निरदेस देलें। बैठक में मुख्यमंत्री जोर देत कहलें कि चौपाल के माध्यम से जनता के समस्यन के समझल जाव आ ओकर समाधान कइल जाव जवना से लोगन के विश्वास पार्टी में बढ़े।

लोगन से सीधा संवाद स्थापित कइल जावs 

बैठक में मुख्यमंत्री इहो निरदेस देलस कि प्रभारी मंत्री आ पदाधिकारी ओह जिलन में जादे समय बितावल लो जहां उपचुनाव हो रहल बा। ऊ कहलें कि एह क्षेत्रन में जाके लोगन से सीधा संवाद स्थापित कइल जाव, ओह लोगन के समस्यन को सुनके तुरंत समाधान सुनिश्चित कइल जावs। जिलन के स्थानीय पदाधिकारियन के संगे तालमेल बनाके चुनावी तइयारियन के आउर मजबूत कइल जाव।

प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र सिंह चौधरी पार्टी के तइयारियन के जायजा लेलें 

बैठक में दुनो डिप्टी सीएम मवजूद रहलें। - फोटो : अमर उजाला
बैठक में दुनो डिप्टी सीएम मवजूद रहलें। – फोटो : अमर उजाला

एह अवसर पs भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र सिंह चौधरी पार्टी के तइयारियन के जायजा लेले आ सब कार्यकर्ता लोगन के उत्साह बढ़वलें। ऊ कहलें कि पार्टी सब नव सीटन खातिर पूरा तइयारी कs चुकल बिया आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के नेतृत्व में भाजपा पूरा ताकत के संगे चुनाव लड़ी। चौधरी विश्वास जतवलें कि पार्टी ना खाली नव घोषित सीटन पs विजय प्राप्त करी बलुक जल्दिये दसवां सीट घोषित होई आ उहो भाजपा के खाता में जाई।

एह सीटन पs होखे के बा उपचुनाव

बता दीं कि जवना 10 सीटन पs उपचुनाव होखे के बा ओमे पांच सपा आ पांच एनडीए गठबंधन के लगे रहे। बीजेपी के खाता में तीन सीट रहे। एगो आरएलडी के लगे रहे आ एगो निषाद पार्टी के लगे रहे। कटेहरी, करहल, सीसामऊ, कुंदरकी सीट सपा 2022 में जीतल रहलें। अयोध्या के मिल्कीपुर सीट सपा के खाते में रहे। जवना पs अभी तारीख नइखे आइल। एकरा अलावे फूलपुर, मझवां, गाजियाबाद सदर, खैर, मीरापुर सीट पs उपचुनाव होखे के बा। बैठक में उत्तर प्रदेश के उपमुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक, कैबिनेट मंत्री स्वतंत्र देव सिंह, सूर्यप्रताप शाही सहित राज्य के कइयन वरिष्ठ मंत्री आ प्रभारी मंत्री सहित भाजपा के पदाधिकारियो मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]