[the_ad_group id="30365"]

जारी भइल यूपी बोर्ड के कक्षा 10वीं आ 12वीं के रिजल्ट, हाईस्कूल में यश तs इंटर में महक बनली टॉपर

जारी भइल यूपी बोर्ड के कक्षा 10वीं आ 12वीं के रिजल्ट
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी बोर्ड के परीक्षा के रिजल्ट जारी हो गइल बा. अइसना में एह साल यानी 2025 में बोर्ड परीक्षा में आवे वाला सगरी विद्यार्थी आधिकारिक वेबसाइट upmsp.edu.in आ upresults.nic.in पs जा के आपन रिजल्ट देख सकेलें. हमनी के बता दीं कि एह साल बोर्ड के परीक्षा 24 फरवरी से शुरू भइल जवन 12 मार्च 2025 तक चलल, एकरा बाद कॉपी के जांच शुरू हो गइल जवन 2 अप्रैल तक पूरा हो गइल।

यश हाई स्कूल के टॉपर बन गईले

यूपी बोर्ड हाई स्कूल के पास प्रतिशत 90.11% रहल, जबकि इंटरमीडिएट के पास प्रतिशत 81.15% रहल।  यश यूपी बोर्ड परीक्षा 2025 में हाई स्कूल टॉपर बन गईल बाड़े, जलौन निवासी यश प्रताप सिंह 97.83% अंक लेके पहिला स्थान हासिल कईले बाड़े।

महक जायसवाल बनली इंटरमीडिएट टॉपर

प्रयागराज निवासी महक जायसवाल यूपी बोर्ड इंटरमीडिएट परीक्षा में 97.20% अंक लेके प्रथम स्थान हासिल कईले बाड़े।

रउरा आपन रिजल्ट कइसे जाँच कs सकीलें?

सबसे पहिले उम्मीदवार के आधिकारिक वेबसाइट https://upmsp.edu.in/ पs जाए के होई।

ओकरा बाद ओहिजा ‘यूपी बोर्ड क्लास 10 रिजल्ट 2025’ भा ‘क्लास 12 रिजल्ट 2025’ पs क्लिक करीं.

एकरा बाद एगो पेज खुली जहाँ रउरा आपन रोल नंबर आ जरूरी विवरण डाल के जमा करे के पड़ी.

अंत में आपन स्कोर कार्ड के जांच करीं आ ओकर प्रिंटआउट ले लीं.

एकरा अलावे उम्मीदवार डिजीलॉकर में जाके आपन मार्क शीट भी देख सकेले

उम्मीदवारन के डिजीलॉकर रिजल्ट पोर्टल लिंक result.digilocker.gov.in पs जाए के पड़ी.

फेर ओहिजा से ‘बोर्ड रिजल्ट’ सेक्शन में जाईं.

एकरा बाद सूची में उत्तर प्रदेश बोर्ड ऑफ हाई स्कूल एंड इंटरमीडिएट एजुकेशन (यूपी बोर्ड) के चयन करीं।

एकरा बाद परीक्षा साल (2025), कक्षा (10वीं या 12वीं) सेक्शन में जाईं।

एकरा बाद आपन रोल नंबर, क्लास आ जन्म तिथि आदि भरीं (माई के नाम इंटरमीडिएट में जरूर डालल जरूरी बा)।

ओकरा बाद सबमिट बटन पs क्लिक करीं तs राउर मार्कशीट सामने खुल जाई.

अंत में एकरा के डाउनलोड कs के प्रिंट निकाल ली.

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]