[the_ad_group id="30365"]

यूपी बोर्ड रिजल्ट : 59 साल के पूर्व मंत्री प्रभुदयाल वाल्मीकि 12वीं में सेकेंड डिवीजन भईने पास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बरेली के भाजपा नेता राजेश मिश्र उर्फ ​​पप्पू भरतौल, सपा शासन में मंत्री रहल आ दू बेर मेरठ के हस्तिनापुर विधानसभा सीट से विधायक रहल प्रभुदयाल वाल्मीकी 59 बरीस के उमिर में सेकेंड डिवीजन में बारहवीं परीक्षा पास क लिहले बाड़न। प्रभुदयाल वाल्मीकि आदर्श इंटर कॉलेज जोहरा बागपत से प्राइवेट फॉर्म भर के बारहवीं परीक्षा देले। हाई स्कूल के बाद अब 12वीं पास होखला के बाद पूर्व मंत्री कहले कि समय मिलल त आगे पढ़ाई करीहे।

उ कहले कि डॉ भीमराव अम्बेडकर के संदेश इ रहल बा कि जवन शिक्षा मिल सकता उ कम बा। एही मकसद से उ परीक्षा देले आ उ सफल भईल बाड़े। उ कहले कि उनुका सोझा कुछ समस्या रहे, जवना के चलते उ तब पढ़ाई ना क पवले। उ कहले कि पढ़ाई खातीर कउनो उमर ना होला। अगर मन में कवनो प्रबल इच्छा होखे त कवनो मंजिल के प्राप्ति हो सकेला। हालांकि प्रभुदयाल बारहवाँ में केतना अंक मिलल ई बतावे से मना कर दिहलन आ कहलन कि ऊ पास हो गइल बान।

मेरठ के राजनीति में प्रभुदयाल बाल्मीकी के आपन ताकत बा। यूपी वेस्ट के बाल्मीकी समाज के मशहूर नेता के रूप में भी उनुकर आपन पहचान बा। प्रभुदयाल बहुत दिन तक सपा के राजनीति में बहुत सक्रिय रहले। साल 2017 में उ फेर सपा के टिकट पे चुनाव लड़ले आ भाजपा के दिनेश खटीक से हार गईले। एकरा बाद फेर 2022 में सपा उनुका के टिकट ना देले।

आईं बता दीं कि बरेली के बिथरी चैनपुर विधानसभा से भाजपा विधायक राजेश मिश्रा उर्फ ​​पप्पू भरतौल भी 12वीं के परीक्षा में  सेकेंड डिविजन के साथ पास कर चुकल बाड़े। पप्पू भरतौल जब बोर्ड के परीक्षा देत रहले त मीडिया में खूब सुर्खी बटोरले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]