[the_ad_group id="30365"]

UP board result 2022::यूपी बोर्ड 10वीं-12वीं के परिणाम अगिला सप्ताह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UP Board Result 2022: यूपी बोर्ड के हाईस्कूल आ इंटरमीडिएट परीक्षा के परिणाम अगिला सप्ताह घोषित होखे के संभावना बा। यूपी बोर्ड परीक्षा खातिर पंजीकृत कुल 5192689 छात्र-छात्रन के परिणाम जारी करे के तइयारी शुरू कs देले बा। बोर्ड सचिव दिब्यकांत शुक्ल परिणाम के प्रति देवे खातिर मीडिया से नौ जून तक शपथपत्र मंगले बाड़े।

पहिले के सालन में शपथपत्र देला के एक सप्ताह में परिणाम घोषित कs दिहल जाते रहे। अइसन में अनुमान लगावल जा रहा बा कि अगिला सप्ताह 14 से 16 जून के बीच रिजल्ट जारी हो जाई। हालांकि एह पs बोर्ड के कवनो अधिकारी अधिकृत रूप से बोले खातिर तइयार नइखे लो। पिछिला साल कोरोना के कारण बोर्ड परीक्षा ना हो सकल रहे आ सबे छात्र-छात्रा लोग के ओह लो के एकेडमिक रिकॉर्ड के आधार पs पास कs दिहल गइल रहे। एह साल 24 मार्च से 12 अप्रैल ले 10वीं आ 12वीं के परीक्षा करावल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]