[the_ad_group id="30365"]

UP Board Exam Toppers: मेरिट सूची के 10 मेधावी कइल जाई लो सम्मानित, राज्य आ जिला स्तर पs आयोजित होई समारोह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी बोर्ड के हाईस्कूल आ इंटरमीडिएट के परीक्षा में श्रेष्ठ अंक ले आके मान बढ़ावे वाला मेधावियन के सम्मानित कइल जाई। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मेरिट सूची में शीर्ष 10 मेधावियन के सम्मानित करे के निरदेस देलें बाड़ें।

राज्य आ जिला स्तर के मेरिट सूची में टाप टेन में सामिल मेधावियन के अलग-अलग राज्य स्तर आ जिला स्तर पs कार्यक्रम आयोजित कs के सम्मानित कइल जाई। ओहिजा योगी बोर्ड परीक्षा में सफल भइल सब विद्यार्थियन, ओह लोगन के अभिभावकन आ शिक्षकन के बधाई देलें बाड़ेंं।

ओने राज्यपाल आनंदीबेन पटेल यूपी बोर्ड के हाईस्कूल आ इंटरमीडिएट परीक्षा में सफल भइल सब विद्यार्थियन के आपन सुभकामना देलें बाड़ी। ऊ कहली कि ई सफलता विद्यार्थियन के कड़ा मेहनत के प्रतिफल हs। उमेद बा कि आगहूं ई विद्यार्थी बेहतर प्रदर्शन करत रही लो।

ओहिजा, माध्यमिक शिक्षा राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार) गुलाब देवी ने बोर्ड परीक्षा पास भइल सब विद्यार्थियन के बधाई देले बाड़ी। ऊ कहली कि श्रेष्ठ प्रदर्शन करे वाला मेधावी विशेष रूप से बधाई के पात्र बा लो। ऊ लोग आपन अथक मेहनत से ना खाली परिवार बलुक प्रदेश के नाम रोशन कइले बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]