[the_ad_group id="30365"]

UP Board Exam: दसवां के 1.33 लाख स्टूडेंट्स लो छोड़ देलस गणित के परीक्षा, पहिला दिने 3 लाख से बेसी स्टूडेंट्स लो रहल अबसेंट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UP Board Exam: यूपी बोर्ड हाईस्कूल आ इंटरमीडिएट के परीक्षा 22 फरवरी 2024 से शुरू हो रहल बा। ई परीक्षा 09 मार्च 2024 के समाप्त हो जाई। होली के पहिलहीं दुनु कक्षा खातिर एग्जाम खत्म हो जाई। उहे आज यानी कि 28 फरवरी 2024 के दसवां कक्षा में संस्कृत विषय के पेपर आयोजित कइल जा रहल बा। एकरा बाद अगिला दिने 29 फरवरी 2024 के साइंस सब्जेक्ट के पेपर होई।

यूपी बोर्ड के ओर से फिलहाल दसवीं आ बारहवीं के परीक्षा आयोजित कइल जा रहल बा। एही कड़ी में बीते दिन में 27 फरवरी, 2024 मंगलवार के सुबह 8:30 से 11:45 बजे ले दसवां कक्षा खातिर मैथ्स के पेपर आयोजित कइल गइल। एकरा संबंध में ताजा अपडेट ई आ रहल बा कि 1.33 लाख परीक्षार्थि लो गणित के परीक्षा छोड़ देले बा। मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, 1,33,945 स्टूडेंट्स पहिला पारी के परीक्षा से अनुपस्थित रहलें आ सेकेंड शिफ्ट से करीब 12,894 गैरहाजिर रहलें। ए साल, लगभग 29 लाख उम्मीदवार यूपी बोर्ड हाईस्कूल परीक्षा खातिर उपस्थित हो रहल बा।

परीक्षा के दौरान अलग-अलग जिलन से 4 प्रॉक्सी भा सॉल्वरो लो पकड़ाइल बा। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, पहिला पारी में गोंडा में दू आ आज़मगढ़ आ शाहजहांपुर में एक-एक प्रॉक्सी पकड़ाईल बा। साथहीं चार परीक्षार्थीयन अनुचित साधन के प्रयोग करत पकड़ा गइले। इनला खिलाफ नियमानुसार कारवाई कइल जा रहल बा।

UP Board Exam 2024: पहिला दिने 3 लाख स्टूडेंट्स  छोड़ले रहलें परीक्षा

यूपी बोर्ड परीक्षा के पहिला दिने यानी कि 22 फरवरी, 2024 के 3 लाख स्टूडेंट्स  हाईस्कूल आ इंटरमीडिएट के परीक्षा छोड़ देले रहलें। जदि शिफ्ट वाइज अबसेंट स्टूडेंट्स के संख्या देखल जाव तऽ पहिला पारी में 29,43,786 पंजीकृत छात्रन में से 2,03,299 अनुपस्थित रहलें। एकरा अलावा सेकेंड पारी खातिर 24,67,715 विद्यार्थियों में से 1,30,242 गैरहाजिर रहलें।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]