[the_ad_group id="30365"]

UP Board Class 10th, 12th Result 2025: जारी होखे जा रहल बा यूपी बोर्ड के रिजल्ट

UP Board Class 10th, 12th Result 2025
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी बोर्ड आजु हाई स्कूल आ इंटरमीडिएट परीक्षा 2025 के रिजल्ट जारी करे जा रहल बा. रिजल्ट जारी करे के संगे-संगे पहिला बेर बोर्ड डिजीलॉकर पs मार्क शीट/सर्टिफिकेट भी जारी करी। बोर्ड सचिव इs जानकारी पहिलही दे देले रहले। डिजीलॉकर पs जारी मार्क शीट के सत्यापन कईल जाई अवुरी डिजिटल तरीका से भी हस्ताक्षर कईल जाई। साथ ही अबकी बेर मार्क शीट में क्यूआर कोड के भी इस्तेमाल कईल गईल बा।

का मार्कशीट ऑफलाइन उपलब्ध ना होई?

छात्रन के मन में एगो सवाल बा कि जब डिजीलॉकर पs मार्कशीट उपलब्ध करावल जा रहल बा तs का एह साल जवन मार्कशीट उपलब्ध रहे ओकर हार्ड कॉपी दिहल जाई. रउरा जानकारी खातिर रिजल्ट निकलला के कुछ दिन बाद रउरा स्कूल से ई मार्कशीट मिल जाई बाकिर डिजीलॉकर पs रिजल्ट जारी होखते ई मार्कशीट रउरा के उपलब्ध करावल जा रहल बा. डिजीलॉकर पs मार्कशीट जारी होखला के बाद छात्र के मार्कशीट खातीर एक महीना ले इंतजार करे के जरूरत नईखे।

का मार्कशीट में बड़ बदलाव भईल बा?

एह साल मार्कशीट में बहुते बदलाव भइल बा जइसे कि मार्कशीट में नाम हिंदी में लिखल जाई. अतने ना अबकी बेर मार्कशीट पेपर अयीसन होई कि ना तs आसानी से फाट सकता अवुरी ना पानी में भींज के खराब होखे के कवनो ना खतरा होई। दीमक भी एह मार्कशीट के नष्ट ना कर पइहें। एकरा में सुरक्षा सुविधा भी जोड़ल गईल बा।

मार्कशीट के बैकग्राउंड में माइक्रो लेटर के इस्तेमाल कईल गईल बा, एकरा में इस्तेमाल भईल वाटरमार्क पराबैंगनी किरण के संपर्क में अइला पs लउकी। ई मार्क शीट एंटी कॉपी होई, मने कि अगर एकर रंगीन फोटोकॉपी बनावल जाव तs ओकरा में (फोटोकॉपी) डिजाइन ना लउकी। संगही, मार्कशीट के साइज ए4 साइज के होई। संगही, यूपीएमएसपी मोनोग्राम छाया में ना देखाई दिही, एकरा खातीर आपके सूरज के रोशनी में मार्क शीट के बाहर निकाले के होई।

इहो पढ़ीं; सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]