[the_ad_group id="30365"]

UP बोर्ड 12वीं के पेपर लीक मामिला के मुख्य आरोपी विनय चौधरी गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के बारहवाँ पेपर लीक मामिला के मुख्य आरोपी विनय चौधरी के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। बतावल जाता कि आरोपी विनय व्हाट्सएप ग्रुप में इंटरमीडिएट बायोलॉजी आ मैथमेटिक्स पेपर के फोटो वायरल कs देले रहले। अब यूपी पुलिस मुख्य आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया अवुरी पूछताछ के दौरान बहुत सवाल के जवाब सोझा आई। पेपर लीक मामिला के मुख्य आरोपी विनय चौधरी के काल्ह देर रात गिरफ्तार कs लिहल गईल।

उल्लेखनीय बा कि 29 फरवरी के यूपी बोर्ड के दूसरा पाली के परीक्षा में बारहवीं कक्षा के दुगो पेपर लीक हो गईल रहे। बतावल जाता कि आगरा के श्री अतर सिंह इण्टर कालेज में काम करे वाला कंप्यूटर ऑपरेटर विनय चौधरी सांझ के 3.11 बजे ‘ऑल प्रिन्सीपल्स आगरा’ नाम के व्हाट्सएप ग्रुप पs इंटरमीडिएट बायोलॉजी अवुरी गणित के पेपर के फोटो पोस्ट कईले रहले। ओह घरी परीक्षा शुरू भइला से एक घंटा 11 मिनट बीत गइल रहे आ सगरी परीक्षार्थी अपना अपना परीक्षा केन्द्र पs शांति से परीक्षा देत रहले।

इंटर कॉलेज के मान्यता खतम

12वीं क्लास पेपर लीक के मामिला में सरकार फुल एक्शन मोड में बिया। आगरा के जवना कॉलेज से पेपर लीक भईल रहे ओकर मान्यता रद्द कs दिहल गईल बा। यूपी बोर्ड के बइठक में श्री अतर सिंह इंटर कॉलेज रोझौली के मान्यता रद्द करे के फैसला भइल बा। आगरा के श्री अतर सिंह इंटर कॉलेज रोजौली से गणित आ जीव विज्ञान के पेपर लीक हो गइल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]