[the_ad_group id="30365"]

UP Board 10th 12th Result 2024: आज दुपहरिया 2 बजे घोषित होइ यूपी बोर्ड हाई स्कूल, इंटर के रिजल्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

यूपी बोर्ड से हाई स्कूल आ इंटरमीडिएट बोर्ड के परीक्षा में भाग लेवे वाला छात्रन खातिर आज एगो महत्वपूर्ण दिन बा। यूपी बोर्ड के दसवीं आ बारहवीं के रिजल्ट आजु दुपहरिया दू बजे से माध्यमिक शिक्षा बोर्ड, उत्तर प्रदेश, प्रयागराज से घोषित कइल जाई. प्रेस कांफ्रेंस में बोर्ड अध्यक्ष के ओर से रिजल्ट के घोषणा होई, जवना के बाद रिजल्ट के जांच खातीर डायरेक्ट लिंक एक्टिव कs दिहल जाई।

एकरा बाद रउरा आधिकारिक वेबसाइट upmsp.edu.in भा upresults.nic.in पs जा के आपन रिजल्ट देख सकीलें. रिजल्ट चेक करे खातिर छात्र के रोल नंबर जरूरी बा।

बोर्ड के अध्यक्ष रिजल्ट के एलान करीहें

यूपी बोर्ड रिजल्ट 2024 के घोषणा माध्यमिक शिक्षा परिषद प्रयागराज मुख्यालय में बोर्ड अध्यक्ष करीहें. प्रेस कांफ्रेंस में बोर्ड अध्यक्ष के संगे अवरू सक्षम अधिकारी भी मौजूद रहीहे।

55 लाख से अधिका विद्यार्थी एह तरह के रिजल्ट चेक कs पइहें

*जइसहीं यूपी बोर्ड के रिजल्ट 2024 घोषित हो जाई विद्यार्थियन के पहिले आधिकारिक वेबसाइट पर जाए के पड़ी.

*वेबसाइट के होम पेज पs जवना क्लास के रिजल्ट देखे के बा ओकरा लिंक पs क्लिक करीं।

*अब रउरा रोल नंबर डाल के जमा करे के पड़ी.

*एकरा बाद स्क्रीन पs राउर मार्कशीट खुल जाई जहाँ से रउरा एकरा के चेक कs के डाउनलोड कs सकीलें.

एह साल हाई स्कूल आ इंटरमीडिएट बोर्ड परीक्षा के सुरुआत उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के तरफ से 22 फरवरी से 9 मार्च 2024 ले कइल गइल. परीक्षा पूरा भइला के बाद से विद्यार्थी अपना रिजल्ट के इंतजार करत बाड़े जवन आजु निकली. यूपी बोर्ड से ई पहिला बेर हो रहल बा कि बोर्ड 20 अप्रैल के रिजल्ट घोषित करी.

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]