[the_ad_group id="30365"]

UP Board 10th 12th Results 2022: 15 जून के बाद कबो जारी हो सकत बा यूपी बोर्ड हाईस्कूल आ इंटरमीडिएट रिजल्ट, आज जारी हो सकेला अधिसूचना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी बोर्ड कावर से 15 जून के बाद कबहू हाईस्कूल आ इंटरमीडिएट रिजल्ट्स के घोषणा कइल जा सकत बा। कुछ रिपोर्ट्स में 15 जून के यूपी बोर्ड 10वीं आ 12वीं के रिजल्ट जारी कइल जाने की संभावना जतावल गइल रहे, बाकिर बोर्ड कावर से 14 जून के साँझ ले रिजल्ट घोषित कइल जाये के डेट के लेके आधिकारिक सूचना जारी ना भइल। अइसन में पूरी संभावना बा कि आज 15 जून 2022 के अधिसूचना जारी कs के यूपीएमएसपी के ओर से यूपी बोर्ड के रिजल्ट 15 के बाद कबो जारी कs दिहल जाव।

यूपीएमएसपी कक्षा 10, 12 के परीक्षा परिणाम बोर्ड के आधिकारिक वेबसाइट upmsp.edu.in आ upresults.nic.in पs जारी कइल जाई।

यूपी बोर्ड 10वीं, 12वीं के परीक्षा एह साल 24 मार्च से 13 अप्रैल 2022 के बीच आयोजित कइल गइल रहे। यूपी बोर्ड में एह साल करीब 52 लाख छात्र लो रजिस्ट्रेशन करवले रहे लो जेमे से करीब 48 लाख छात्र परीक्षा देलस लो। माने परीक्षा केंद्रन में सख्ती आ आउर कारणन से करीब 4 लाख छात्र  परीक्षा छोड़ देले रहे लो

 

बोनस में मिली 20 अंक:

उल्लेखनीय बा कि यूपी बोर्ड 10वीं आ 12वीं परीक्षा में एह बेर पाठ्यक्रम से बाहर के कइयन प्रश्न पूछल गइल रहे। बोर्ड चीफ हेड एग्जामिनर्स आ परीक्षकन के निर्देश देले रहे कि जवन छात्रन के पाठ्क्रम से बाहर से प्रश्न पूछल गइल रहे, ओह सवालन खातिर पूरा अंक दिहल जाई। 12वीं में कई विषयन में सब्जेक्ट के बाहर से सवाल पूछल गइल बा। हाईस्कूल के 7 विषयन में बाहर से प्रश्न पूछल गइल बा। जवना के छात्रन के पूरा अंक मिली। एह प्रकार से दुनों कक्षा के छात्रन के करीब 20 अंक बोनस में मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]