[the_ad_group id="30365"]

यूपी: विधानसभा उप चुनाव में भाजपा उतरलस मंत्रियन के टीम, सीएम योगी के अगुवाई में 16 मंत्री करी लो प्रचार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश के 10 विधानसभा सीटन पs होखे वाला उप चुनाव खातिर आयोग भलही अभी कार्यक्रम घोषित नइखे कइलें। बाकिर सब दल अपना-अपना स्तर से सीटन पs जीत दर्ज करे के रणनीति बनावे में जुट गइल बाड़ी सs। ओहिजा, भाजपा एह 10 में से अपना हिस्सा के पांच सीटन पs कब्जा बरकरार रखे के संगही बाकी पांच सीटन के जीते के रणनीति बनवले बिया। उप चुनाव के कमान खुद मुख्यमंत्री अपना हाथन में लेले बा। सब 10 सीटन पs 16 मंत्रियन के टीम तैनात कs के जीत पक्का करे के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

एह संबंध में अतवार के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मवजूदगी में बैठक भइल रहे। जेमे भाजपा के संगही ओम प्रकाश राजभर के छोड़के सहजोगी दलन के मंत्री मवजूद रहे लो। बैठक में उप चुनाव जीते के रणनीति पs चरचा भइल बा। एकरा बाद 16 मंत्रियन के टीम के गठन कs के सभे के अपना-अपना सीटन पs जीत दर्ज करे के जिम्मेदारी दिहल गइल। मंत्रियन के टीम में भाजपा के अलावे सहजोगी दलन के मंत्रियन के सामिल कइल गइल बा। कुछ सीटन पs दुगो तs कुछ पs एगो मंत्री के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। एकरा संगही संगठन के पदाधिकारियन के लगावल जाई।

दरअसल उप चुनाव में सब 10 सीटन पs जीत दर्ज कs के भाजपा लोकसभा चुनाव में मिलल हार के घाव के भरल चाहत बिया। एहिसे मंत्रियन के हर हाल में जीत दर्ज करे खातिर अभी से क्षेत्रन में डटल रहे के कहल गइल। ओहिजा, उप चुनाव के तारीखन के घोषणा जल्दिये होखे के संभावना के देखत भाजपा में टिकट खातिर भाग-दउर सुरू हो गइल बा। विधायक से सांसद बने वाला नेता जहां अपना परिवार के कवनो सदस्य के टिकट दिलावे में जुटल बा लो। ओहिजा, कइयन गो पूर्व सांसद आ विधायक टिकट के दउर में सामिल बा लो।

एह सीटन पs लागल बा 16 मंत्रियन के ड्यूटी

करहल-जयवीर सिंह,
मिल्कीपुर- सूर्य प्रताप शाही व मयंकेश्वर शरण सिंह
कटेहरी- स्वतंत्र देव सिंह व आशीष पटेल
सीसामऊ- सुरेश खन्ना व संजय निषाद
फूलपुर- दयाशंकर सिंह व राकेश सचान
मझवां-अनिल राजभर
ग़ाज़ियाबाद सदर- सुनील शर्मा
मीरापुर- अनिल कुमार व सोमेन्द्र तोमर
खैर- लक्ष्मी नारायण चौधरी
कुंदरकी- धर्मपाल सिंह व जेपीएस राठौर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]