[the_ad_group id="30365"]

यूपी के एह जिला में 3 नेपाली नागरिकन के मउत, 5 घायल, महाकुंभ में स्नान कs लौटत रहले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुर्घटना के दुखद खबर उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ जिला से सोझा आईल बा।  इहाँ सड़क दुर्घटना में नेपाल के तीन नागरिक के मउत हो गईल बा।  एकरा अलावे एs दुर्घटना में 5 लोग भी घायल हो चुकल बाड़े। जानकारी के मुताबिक उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में चलत महाकुंभ से नेपाल के नागरिक लौटत रहले. एही दौरान उs सड़क दुर्घटना के शिकार हो गईले।

पति-पत्नी समेत तीन लोग के मउत हो गईल 

सड़क दुर्घटना के इs घटना सोमार के सबेरे आजमगढ़ जिला के रानी के सराय इलाका में भईल।  महाकुंभ से लवटत श्रद्धालु के लेके आवत एगो कार आजमगढ़-वाराणसी राजमार्ग पs डिवाइडर से टकरा गइल.एs दुर्घटना में पति-पत्नी समेत तीन लोग के मउत हो गईल।  एकरा संगे पांच जने घाही हो गईले।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

मरेवाला लोग कहाँ से रहे?

पुलिस सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक दुर्घटना के शिकार लोग नेपाल के रूपम देही जिला के देवदार नगर के निवासी रहले। सब लोग नेपाल से 15 फरवरी के कार से प्रयागराज महाकुंभ में नहाए गइल रहे।  सोमवार के सबेरे जब उs महाकुंभ से लवटत रहले तz रानी की सराय थाना क्षेत्र के मझगांव गांव के नजदीक उनुकर गाड़ी डिवाइडर से टकरा गईल।

मरेवाला लोग के नाव


आजमगढ़ में भईल एs दुर्घटना में जान गंवावे वाला लोग के नाम भी पुलिस सूत्र से खुलासा भईल बा।  एs दुर्घटना में दीपा (उम्र 35 साल), उनुकर पति गणेश (उम्र 45 साल) अवुरी गंगा (उम्र 40 साल) नाम के लोग के मउत हो गईल।  सूत्र के मुताबिक एs दुर्घटना में घाही भईल पांच अवुरी लोग के गोरखपुर अस्पताल रेफर कs दिहल बा।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]