[the_ad_group id="30365"]

UP: माता देवी के मूर्ति के खंडित कs माहौल बिगाड़े के कोशिश, गाँव के लोगन में भारी आक्रोश, मउका पs पहुंचल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

मेरठ के रोहटा थाना क्षेत्र में कुछ असामाजिक तत्व माहौल के खराब करे के कोशिश कईले बाड़े। इलाका के शाहपुर-जौनपुर गांव में असामाजिक तत्व मंसा देवी मंदिर में काली माता देवी के मूर्ति के तोड़फोड़ कईले। एतने ना असामाजिक तत्व काली माता के आधा मूर्ति अपना संगे लेके चल गईले। एकरा संगे ए घटना के चलते गांव में नाराजगी पसर गईल बा अवुरी जनता में बहुत गुस्सा बा।

बतावल जाता कि सोमवार के सबेरे जब पुजारी गजेन्द्र शर्मा मंदिर परिसर में सफाई करे पहुंचले त देखले कि काली माता के मूर्ति के तुड़ दिहल गईल बा। एकरा बाद पुजारी गजेन्द्र शर्मा गांव के फोन क मूर्ति तूड़े के जानकारी देले। सूचना मिलते गाँव के लोग मंदिर पहुंच के हंगामा शुरू क देले।

एकरा बाद गांव के लोग खेत में काली माता के मूर्ति खोजे के कोशिश कईले लेकिन, मूर्ति कतहीं ना मिलल। दूसर ओर सूचना मिलला पs पुलिस भी मउका पs पहुंचल अवुरी गांव के लोग के कार्रवाई के भरोसा देके शान्त क देलस।

बता दीं कि एक महीना पहिले भी एह काली माता देवी के मूर्ति खंडित हो गईल रहे। ओह घरी पुलिस काली माता देवी के मूर्ति के गंगनहर में विसर्जित क के मंदिर में एगो नया मूर्ति लगा दिहलस। लेकिन एक बेर फेरु मूर्ति खंडित हो गईल। पुलिस के कहनाम बा कि तलाशी शुरू क दिहल गईल बा। आरोपी के जल्दिए पकड़ल जाई।

साभार- अमर उजाला

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]