[the_ad_group id="30365"]

Unnao Accident: लखनऊ-आगरा एक्सप्रेसवे पऽ दूध के टैंकर से भिड़ल बस, 18 लोगन के मौत; CM योगी लेले संज्ञान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Unnao Accident: लखनऊ-आगरा एक्सप्रेसवे पs बेहता मुजावर इलाका के गढ़ा गाँव के लगे बुध के सबेरे 5:30 बजे एगो बड़हन हादसा हो गइल। स्लीपर बस पीछे से आगे बढ़त दूध के टंकर से टकरा गइल। एह दुर्घटना में एगो बच्चा समेत 18 लोगन के मौत हो गइल। करीब 20 लोग घायल हो गइले। चिल्लाहट के बीच यूपेडा के जवान पुलिस के सूचना देके बचाव अभियान शुरू कऽ देले।

उन्नाव के लखनऊ-आगरा एक्सप्रेसवे पs बुध के सबेरे एगो भयानक हादसा हो गइल। बेहता मुजावर इलाका के गढ़ा गांव के लगे स्लीपर बस पीछे से आगे बढ़त दूध के टंकर से टकरा गइल। एह दुर्घटना में एगो बच्चा समेत 18 लोगन के मौत हो गइल, जबकि 20 लोग घायल हो गइले। सीएम योगी दुर्घटना के संज्ञान लेले बाड़े। मरे वाला के परिवार के प्रति संवेदना जतावत उऽ अधिकारी के तुरंत मौका पs पहुंच के घायल के उचित इलाज करावे के निर्देश देले बाड़े।

दुर्घटना सबेरे साढ़े पांच बजे के आसपास भइल। स्लीपर बस पीछे से आगे बढ़त दूध के टंकर से टकरा गइल। दुर्घटना के बाद हल्ला हो गइल। यूपीडीए के जवान पुलिस के सूचना देके बचाव अभियान शुरू कऽ देले। एही बीच बंगरमाऊ, बेहतामुझवाड़ थाना मौका पs पहुंच के राहगीर के मदद से बस में फंसल लोग के बचा लेले।

बस बिहार से दिल्ली जात रहे 

सीओ अरविंद सिंह बतवले कि बस बिहार से दिल्ली जात रहे, जवना में अधिकांश मजदूर सफर करत रहले। बस में करीब 50 लोग रहले, ड्राइवर के झपकी लेवे के चलते दुर्घटना के संभावना बा। मरे वाला आ घायल के नाम पता के जानकारी दिहल जा रहल बा, सभे के बंगरमौ सीएचसी में भर्ती करावल गइल बा।  एसडीएम नमराता सिंह पहिले मौका पs पहुंच के जांच कइले आ ओकरा बाद सीएचसी में घायल लोग से जानकारी लेले। डाक्टरन के इलाज खातिर निर्देश दिहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]