[the_ad_group id="30365"]

बिना नंबर के ट्रक मरलस लखीसराय डीएम के कार में टक्कर, बाल-बाल बचलें ; बिना नंबर के बालू लदल ट्रक के पीछा करत रहस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखीसराय के डीएम अमरेंद्र कुमार के कार के अवैध बालू लदल ट्रक टक्कर मार देले बा। घटना के समय डीएम कार के भीतर रहस। ऊ बाल-बाल बच गइल बाड़ें। कार क्षतिग्रस्त हो गइल बिया। पुलिस ट्रक के जब्त कs लेले बिया।

डीएम अमरेंद्र कुमार अपना कार से पटना से लखीसराय लवटत रहस। डीएम बायपास इस्थित यातायात थाना के लगे बिना नंबर के बालू लदल एगो ट्रक आवत देखलें। ऊ ड्राइवर आ गार्ड के ट्रक के रोके खातिर कहलें।

एकरा बाद ड्राइवर कार खड़ा कs देलस। डीएम के गनर ट्रक के रोके खातिर हाथ देलें, बाकिर ड्राइवर ट्रक के रफ्तार तेज कs देलस।

डीएम के वाहन में मरलस टक्कर

डीएम के ड्राइवर बालू लदल ट्रक के ओवरटेक कs के रोके के कोसिस कइलस। ट्रक ड्राइवर ओवरब्रिज के आउर ना जाके डीएम के कार के टक्कर मार देलस आ पतनेर मार्ग कावर मोड़ देलस। एसे डीएम के कार क्षतिग्रस्त हो गइल।

डीएम एसपी सहित आउर पुलिस पदाधिकारियन के फोन कs के घटना के सूचना देले। जब तक कवैया थाना के पुलिस आ परिवहन विभाग के टीम घटनास्थल पs पहुंचल, तब तक ड्राइवर ट्रक छोड़के भाग गइल।

मवका से ट्रक के कइल गइल जब्त

खनन पदाधिकारी रणधीर कुमार बतवलें कि ट्रक के जब्त कs लिहल गइल बा। ममिला में कार्रवाई कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]