[the_ad_group id="30365"]

UN Security council: ब्रिटेन सुरक्षा परिषद में भारत के स्थाई सदस्यता के कइलस समर्थन, जतवलस मजबूत प्रतिबद्धता 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ब्रिटेन सरकार सोमार के संसद में पेश कइल गइल आपन रक्षा आ विदेश नीति संबंधी ताजा समीक्षा के तहत संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में सुधार आ ओमे भारत के स्थाई सदस्यता के समर्थन करे के पहिला बेर मजबूत प्रतिबद्धता जतवलस। इंटीग्रेटेड रिव्यू रिफ्रेश 2023 : रिस्पोंडिंग टू ए मोर कंटेस्टेड एंड वोलेटाइल व‌र्ल्ड 2021 के समीक्षा (आइआर 2021) से आगे के बात करत बा।

ब्रिटेन भारत के संगे एफटीए के दिशा में काम करे खातिर प्रतिबद्ध

आइआर 2021 में हिंद-प्रशांत के लेके तथाकथित झुकाव दिखल रहे। सरकार के अब मानल बा कि हिंद-प्रशांत अब खाली झुकाव ना, बलूक ब्रिटेन के बिदेस नीति के एगो स्थाई स्तंभ हs आ ब्रिटेन भारत के संगे मुक्त व्यापार समझौता (एफटीए) के दिशा में काम करे खातिर प्रतिबद्ध बा।

ब्रिटेन करी संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में सुधार के समर्थन

ताजा समीक्षा में कहल गइल बा, आइआर 2021 से आगे बढ़त ब्रिटेन संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में सुधार के समर्थन करी आ स्थाई सदस्यन के रूप में ब्राजील, भारत, जापान आ जर्मनी के स्वागत करी।

ब्रिटेन के रुख में आइल बदलाव

प्रधानमंत्री ऋषि सुनक के बिदेसी ममिलन संबंधी प्रवक्ता कहलें, अइसन पहिला बेर भइल बा, जब संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद के लेके हमनी ब्रिटेन के नीति संबंधी दस्तावेज में बात कइले बानी सs। हमनी के पहिला बेर संसद के सोझा ई बात रखले बा कि हमनी के सुरक्षा परिषद में सुधार के समर्थन करेम स s। ई ब्रिटेन के रुख में एगो बदलाव हs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]