[the_ad_group id="30365"]

‘कइयन गो राजनीतिक दल बनल चाहत बाड़ी सs NDA के हिस्सा’, महाराष्ट्र में सियासी उलटफेर के बीच अनुराग ठाकुर के संकेत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महाराष्ट्र के शिंदे नेतृत्व वाली सरकार में एनसीपी नेता अजित पवार के जुड़ला के बाद उहां के राजनीति में हलचल मच गइल बा। एह बीच केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर आपन प्रतिक्रिया देलें। ऊ कहले कि कइयन गो राजनीतिक दल एनडीए से जुडल चाहत बा।

कइयन गो राजनीतिक दल बनल चाहत बा एनडीए के हिस्सा

केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर कहलें, “देस के विकास के खातिर कइयन गो राजनीतिक दल एनडीए में सामिल होखल चाहत बाड़ी सs आ एनसीपी एकर पहल कइले बा। हमरा विश्वास बा कि एनसीपी के महाराष्ट्र कैबिनेट में सामिल होखे से राज्य के विकास में मदद मिली। 2024 के लोकसभा चुनाव के धेयान में रखत, एनडीए में सामिल होखे वाला ई राजनीतिक दल देस के विकास खातिर केंद्र में एगो मजबूत अउर इस्थिर सरकार प्रदान करिहें सs।”

अनुच्छेद 370 हटवला के बाद कम भइल पत्थरबाजी के घटना

केंद्रीय मंत्री कहलें, “75 साल बाद जम्मू-कश्मीर के ओकर अधिकार मिलल बा। अनुच्छेद 370 के हटवला से पता चलल बा कि लोगन के बीच भाईचारा बढ़ल अउर जम्मू-कश्मीर आवे वाला पर्यटकन के संख्या बढ़ल बा। आंकड़न से पता चलत बा कि जम्मू-कश्मीर में पत्थरबाजी के घटना में भारी कमी आइल बा।”

ऊ आगे कहलें, “केहू नइखे चाहत बा कि एह में बदलाव होखे। अगर कोर्ट में ममिला विचाराधीन बा त हम एतने कहेम कि दुनु सदन एह के पास कइले बा अउर धारा 370 आ 35A के हमेशा खातिर हटावल गइल बा।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]