[the_ad_group id="30365"]

Budget 2023: सिगरेट के कीमत बढ़ी, मोबाइल आ टीवी के कम होई, जानीं बजट में का महंगा-का सस्ता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण बुध के मोदी सरकार के नौवां बजट पेश कइली। एमे ऊ कइयन गो बड़ योजनन के एलान कइली, ओहिजा कइयन तरह के पुरान शुल्कन के हटाने के एलानो कइली। एलान के मोताबिक, अब सरकार सिगरेट पs आकास्मिकता शुल्क के बढ़ाई। एकरा के फिलहाल 16 फीसदी बढ़ावे के निर्णय लिहल गइल बा। एकरा अलावे वित्त मंत्री कहली कि प्रयोगशाला में बनल हीरन के बढ़ावा देवे खातिर सीमा शुल्क में छूट दिहल जाई, जवना से एकरा कीमतन में गिरावट आई।

का भइल महंगा?

  • सिगरेट पs आकास्मिकता शुल्क के 16 फीसदी बढ़ावल गइल।
  • ब्लेंडेड सीएनजी पs जीएसटी हटी, कीमतन में आई कमी।
  • कंपाउंडेड रबड़ पs बेसिक इंपोर्ट ड्यूटी 10 फीसदी से बढ़ाके 25 फीसदी कइल गइल। महंगा होई।
  • सोना के बार से बनल आभूषणन पs कस्टम ड्यूटी में इजाफा।
  • किचन में इस्तेमाल होखे वाला इलेक्ट्रॉनिक चिमनी पs कस्टम ड्यूटी 7.5% से बढ़ाके 15% कइल गइल।

का भइल सस्ता?

  • प्रयोगशाला में बने वाला हीरन के बढ़ावा देवे खातिर लिए सीमा शुल्क में छूट।
  • मोबाइल पुर्जन आ कैमरा लेंसन के आयात शुल्क में छूट के प्रावधान। हरित मोबिलिटी के बढ़ावा देवे खातिर आयात सीमा शुल्क में छूट।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]