[the_ad_group id="30365"]

जवना भतीजा के अपहरण में चाचा जेल गइलें, ऊ लवट आइल: कहलस-पापा के पिटाई से नाराज होके दिल्ली गइल रहनी; चाचा बोललें-निर्दोष रहते कटनी सजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में भतीजा के अपहरण के मममिला में चाचा के जेल भेज दिहल गइल रहे। लईका के परिवार चाचा पs अपहरण के आरोप लगवले रहे। जवना के बाद चाचा 1 साल के जेलो कटलें। ऊ भतीजा अब वापस लवट आइल बा। ओकर कहनाम बा कि ऊ बाबूजी के पिटाई से नाराज होके घर छोड़के चला गइल रहे। मामला लकड़ी नवीगंज प्रखंड के खवासपुर गांव के हs।

लईका के पहचान खवासपुर गांव निवासी मोहमद अस्साख के बेटा साहिल राजा (14) के रूप में भइल बा। बाप के पिटाई के बाद घर से भगला पs ओकर मां शबनम खातून लकड़ी नवीगंज थाना में अपना देवर कमरुल हक आ महमद अली मियां के खिलाफ अपहरण के ममिला दर्ज करवले रहली।

चाचा एक साल कटलें जेल

केस के जांच कs रहल एएसआई कमरुद्दीन अंसारी ओह समय एह ममिला में जांच कइले रहस। एमे कमरूल हक सीवान मंडल कारा में 1 एक साल के सजा कटले बाड़ेंं। लईका सोमार के वापस अपना घरे लवट आइल।

सूचना मिलतही की लईका लवट आइल बा। दरोगा राकेश कुमार ओकरा के लेके थाना पहुंचलें। ऊ बतवलें कि ओकर केहू अपहरण ना कइले रहस। बलुक बाबूजी के पीटला के कारण ऊ दिल्ली के एगो होटल में जाके काम करे लागल आ सोमार के सांझ ऊ घरे लवटल।

आगे के कार्रवाई में जुटल पुलिस

एसआई राकेश कुमार बतवलें कि जइसही हमनी के किशोर के वापस घरे लवटे के सूचना मिलल पुलिस किशोर के थाना में ले आके पूछताछ कइल जा रहल बा। हालांकि किशोर खुद के मर्जी से इहां से भागे के बात स्वीकार कइले बा। पुलिस आगे जांच में जुटल बिया।

जांच में लापरवाही बरते के लगवलें आरोप

ओहिजा अपहरण के आरोप में जेल गइल चाचा कमरुल हक बतवलें कि पुलिस सही से जांच पड़ताल ना कइले रहे। निर्दोष होखला के बादो जेल के सजा काटे के पड़ल रहे। पीड़ित बतवलें की हम पुलिस के नाकामी के वजह से निर्दोष होखला के बादो एक साल जेल में रहनी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]