[the_ad_group id="30365"]

Umesh Pal Hatyakand: उमेश पाल हत्याकांड के मास्टरमाइंड के अखिलेश यादव के संगे फोटो वायरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उमेश पाल हत्याकांड में गिरफ्तार हाईकोर्ट के अधिवक्ता सदाकत खान के समाजवादी पार्टी के मुखिया अखिलेश यादव के संगे ओकर फोटो सोझा आईल बा। एगो ग्रुप फोटो में उ अखिलेश यादव के संगे हाथ मिलावत लउक रहल बा ।

उमेश पाल हत्याकांड के मुख्य साजिशकर्ता सदाकत खान के समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के संगे एगो तस्वीर  सोशल मीडिया पs खूब वायरल हो रहल बिया। तस्वीर में सदाकत खान अखिलेश यादव से हाथ मिलावत लऊक रहल बा । दूनो लोगन के संगे सपा के पूर्व प्रवक्ता आ इलाहाबाद विवि के पूर्व छात्रसंघ अध्यक्ष ऋचा सिंहो ठाड़ लउक रहल बाड़ी।

दरअसल, उमेश पाल हत्याकांड में गिरफ्तार हाईकोर्ट के अधिवक्ता सदाकत खान के समाजवादी पार्टी के मुखिया अखिलेश यादव के संगे ओकर फोटो सोझा आईल बा ।  अब पs बीजेपी कटाक्ष कईले बिया।भाजपा के आरोप बा कि समाजवादी पार्टी माफिया के पार्टी हीय आ ई लोग कुल्ह माफिया सब के अपना पनाह मे रखेला।मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सदन में चर्चा के बेरा दिहल बयान के फेरू से दोहरावत भाजपा समाजवादी पार्टी पs हमला तेज कईले बिया।
फोटो सोझा आइला के बाद से सोशल मीडिया पs खूब  वायरल हो रहल बा।

भाजपा के एह आरोप के बाद से  सोशल मीडिया पs एगो अउरी फोटो सोझा आइल बा एह फोटो में भाजपा नेता उदयभान करवरिया की संगे बा आ इहो फोटो खुब वायरल हो रहल बा

सदाकत खान की गिरफ्तारी के बादे सोशल मीडिया में ई दुनो फोटो अब वायरल हो रहल बा। ख़बर भोजपुरी एह  दूनो फोटो की पुष्टि नइखे करतs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]