जबलपुर: दुर्गा विसर्जन के दौरान बड़ हादसा, जुलूस में हाईटेंशन तार के चपेट में आइलें 10 लोग; दू गो के मौत

By Shweta Supriya

Published on: 8 घंटे पहले

डिजिटल डेस्क, जबलपुर। विजयादशमी के बाद दुर्गा माई के मूर्ति विसर्जन करे खातिर जबलपुर के मझौली इलाका के लोग जा रहल रहलें। बाकिर बुध के देर रात मझौली के नीला तालाब के लगे विसर्जन जुलूस

Share

डिजिटल डेस्क, जबलपुर। विजयादशमी के बाद दुर्गा माई के मूर्ति विसर्जन करे खातिर जबलपुर के मझौली इलाका के लोग जा रहल रहलें। बाकिर बुध के देर रात मझौली के नीला तालाब के लगे विसर्जन जुलूस के दौरान एगो बड़ हादसा हो गइल।

हाईटेंशन तार के चपेट में अइला से दू गो लोगन के मौत हो गइल। ओहिजा आठ से अधिका लोग करंट लागे से झुलस गइलें। घयाल लोगन के तुरंत एंबुलेंस के मदद से जबलपुर मेडिकल कॉलेज ले जाइल गइल।

जबलपुर में मूर्ति विसर्जन जुलूस के दौरान हादसा

घटना के जानकारी मिलते प्रशासनिक आ पुलिस अधिकारी मौका पर पहुंच गइलें। पुलिस आ स्थानीय लोग मिलके तुरंत घयाल लोगन के बाहर निकाललें आ उनका के जबलपुर मेडिकल कॉलेज ले जाइल गइल।

एह हादसा में दू गो लोगन के मौत हो गइल। ओहिजा आठ से अधिका लोगन के इलाज जारी बा। एहमें से कुछ लोग गंभीर रूप से घवाहिल बाड़ें।

कइसे भइल हादसा?

दुर्गा माई के मूर्ति विसर्जन में शामिल लोग प्रतिमा लेके नीला तालाब के ओर जात रहलें। एही दौरान मूर्ति, डीजे भा गाड़ी के कवनो हिस्सा ऊपर से गुजरत हाईटेंशन तार से सट गइल आ करंट पूरा जुलूस में फैल गइल। करंट के चपेट में आइल लोगन के बीच चीख-पुकार मच गइल।


पुलिस पूरा मामला के जांच शुरू कर देले बिया आ बिजली विभाग से तार के सुरक्षा के इंतजाम के बारे में जवाब मांगल गइल बा।

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.