[the_ad_group id="30365"]

घर बइठे डाउनलोड कs सकत बानी वर्चुअल आधार : ई सब जगह होला मान्य, देखीं एकरा के डाउनलोड करे के प्रोसेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आधार हमनी के देस में एगो महत्वपूर्ण दस्तावेज बा। कइयन बेर हमनी के एकरा के खोवे भा खराब होखे के डर के कारण एकरा के अपना संगे नइखे रखत। बाकिर का रउआ पता बा कि रउआ एकर वर्चुअल कॉपी (PDF फाइल) डाउनलोड कs सकत बा।

एकरा खातिर रउआ कवनो शुल्को ना देवे के होई आ ई सब जगह मान्य बा। आधार कार्ड जारी करे वाली संस्था UIDAI के अनुसार वर्चुअल आधार भा ई आधारो, आधार कार्ड के तरे सब जगह मान्य होला। हमनी के एकरा के डाउनलोड करे के तरीका बता रहल बा।

ई बा एकरा डाउनलोड करे के प्रोसेस

  • सबसे पहिले UIDAI के वेबसाइट पs जाईं।
  • एकरा बाद My Aadhaar सेक्शन में जाके Download Aadhaar पs क्लिक करीं।
  • एकरा बाद रउआ के अगिला पेज पs भर Download Aadhaar के ऑप्शन मिली।
  • एह पs क्लिक करीं।
  • एकरा बाद आधार नंबर आ कैप्चा एंटर करीं आ फेर रिक्वेस्ट ओटीपी बटन पs क्लिक कs दीं।
  • मोबाइल पs UIDAI के ओर से एगो ओटीपी भेजल जाई। जवना से संबंधित बॉक्स में दर्ज कs दीं आ फेर डाउनलोड आधार पs क्लिक करीं।
  • आधार डाउनलोड होखला के बाद नाम के सुरुआती चार अक्षर आ जन्म के साल दर्ज कs के पीडीएफ फाइल ओपन करीं।

खराब होखला पs बनवा सकत बानी नया आधार

जदि रउआ आधार कार्ड ओहिजा गुम हो गइल बा भा पुरान आधार कार्ड खराब हो गइल बा तs रउआ आसानी से घर बइठलही नया आधार कार्ड मंगवा सकत बानी। एतनही ना रउआ PVC आधार कार्ड मंगवा सकत बानी। पॉलिविनाइल क्लोराइड कार्ड्स के PVC कार्ड के नाम से जानल जात बा। ई एगो तरह के प्लास्टिक कार्ड होत बा,​ जवना पs आधार कार्ड के जानकारियन के प्रिंट कइल जात बा।

ई बा PVC आधार कार्ड बनवावे के प्रोसेस?

  • एकरा खातिर रउआ UIDAI के वेबसाइट पs ऑनलाइन आवेदन करे के होई।
  • एह वेबसाइट पs जाके रउआ अपना आधार के 12 डिजिट के नंबर डाले के होई।
  • एकरा बाद रउआ सिक्योरिटी कोड भा कैप्चा भरे के होई।
  • ओटीपी खातिर ​Send OTP पs क्लिक करीं।
    एकरा बाद रजिस्टर्ड मोबाइल पs प्राप्त OTP के दिहल गइल खाली जगह में भरीं आ सबमिट करीं।
  • इसके बाद ‘My Aadhaar’ सेक्शन में जाकर ‘Order Aadhaar PVC Card’ पर क्लिक करना होगा।
  • एकरा बाद इहां रउआ जानकारी दिखाई दी। इहां नेक्स्ट के ऑप्शन पs क्लिक करीं।
  • एकरा बाद रउआ नीचे दिहल गइल पेमेंट ऑप्शन पs क्लिक करे के होई।
  • जहां रउआ क्रेडिट/डेबिट कार्ड, नेट बैंकिंग आ UPI के विकल्प मिली।
  • एकरा बाद रउआ के पेमेंट पेज पs भेजल जाई। रउआ इहां 50 रुपिया के फीस जमा करे के होई।
  • पेमेंट पूरा कइला के बाद राउर आधार PVC कार्ड के ऑर्डर प्रोसेस पूरा हो जाई।
  • समूचा प्रोसेस पूरी हो गइला के बाद UIDAI 5 दिन के अंदर आधार प्रिंट कs के भारतीय डाक के सुपुर्द कs दी।
  • एकरा बाद डाक विभाग स्पीड पोस्ट के माध्यम से ओकरा के रउआ घर तक पहुंचा दी।

ऑफलाइन बनवा सकत बानी नया कार्ड

जदि रउआ ऑनलाइन नइखी बनवावल चाहत तs रउआ एकरा के ऑफलाइन बनवा सकत बानी। एकरा खातिर रउआ आधार केंद्र जाये के होई। उहां जाके रउआ आसानी से आपन नया आधार कार्ड बनवा सकत बानी।

देवे के होला 50 रुपिया के चार्ज

नया PVC कार्ड बनवावे खातिर 50 रुपिया के फीस देवे के होई। एह कार्ड में सिक्योर QR कोड, होलोग्राम, माइक्रो टेक्स्ट, कार्ड जारी करे आ प्रिंट करे के तारीख आ आउर जानकारी होला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]