Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Udhampur: चिनैनी में बैसाखी मेला के दौरान पुल टूटल, कइयन लोग घायल, रेस्क्यू ऑपरेशन जारी

चिनैनी के बैनी संगम में बैसाखी के मेला आयोजित कइल गइल बा। एह दौरान देविका नदी पs बनल लोहा के पुल अचानक टूट गइल। आनन-फानन लोगन के अस्पताल पहुंचावल गइल।

551

जिला उधमपुर के चिनैनी में बैसाखी मेला के दौरान पुल टूटला के खबर बा। चिनैनी के बैनी संगम में बैसाखी के मेला आयोजित कइल गइल बा। इहां हजारन के संख्या में लोग पहुंचल बा। एह दौरान देविका नदी पs बनल लोहा के पुल अचानक टूट गइल। आनन-फानन में लोगन के अस्पताल पहुंचावल गइल।

एसएसपी उधमपुर डॉ. विनोद बतवलें कि पुल टूटला के चलते अभी तक करीब छव लोग घायल भइल बा। पुलिस आ अउरी बचाव दल मवका पs बा। रेस्क्यू ऑपरेशन चलावल जा रहल बा। घायलन के अस्पताल पहुंचावल गइल बा।

516970cookie-checkUdhampur: चिनैनी में बैसाखी मेला के दौरान पुल टूटल, कइयन लोग घायल, रेस्क्यू ऑपरेशन जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.