[the_ad_group id="30365"]

Udhampur: चिनैनी में बैसाखी मेला के दौरान पुल टूटल, कइयन लोग घायल, रेस्क्यू ऑपरेशन जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला उधमपुर के चिनैनी में बैसाखी मेला के दौरान पुल टूटला के खबर बा। चिनैनी के बैनी संगम में बैसाखी के मेला आयोजित कइल गइल बा। इहां हजारन के संख्या में लोग पहुंचल बा। एह दौरान देविका नदी पs बनल लोहा के पुल अचानक टूट गइल। आनन-फानन में लोगन के अस्पताल पहुंचावल गइल।

एसएसपी उधमपुर डॉ. विनोद बतवलें कि पुल टूटला के चलते अभी तक करीब छव लोग घायल भइल बा। पुलिस आ अउरी बचाव दल मवका पs बा। रेस्क्यू ऑपरेशन चलावल जा रहल बा। घायलन के अस्पताल पहुंचावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]