[the_ad_group id="30365"]

उदयपुर के स्कूल-कॉलेजन में छुट्टी, चाकूबाजी के बाद बिगडल माहौल, धारा 144 लागू, इंटरनेट बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उदयपुर में भईल चाकूबाजी के घटना के बाद माहौल बिगड़ गईल जवना के चलते जिलाधिकारी शहर के स्कूल कॉलेज में छुट्टी के घोषणा कs देले। उदयपुर के जिलाधिकारी के ओर से जारी आदेश में कहल गईल बा कि सभ सरकारी अवुरी निजी स्कूल अवुरी कॉलेज में छुट्टी होई। आदेश के पालन ना करेवाला के खिलाफ कार्रवाई कईल जाई।

आगे के आदेश ले छुट्टी घोषित 

जिलाधिकारी के आदेश के मुताबिक शहर में भारतीय नागरिक रक्षा संहिता 2023 के धारा 163 (सीआरपीसी के धारा 144) लागू हो गईल बा। वर्तमान स्थिति के देखत उदयपुर नगर निगम अवुरी उदयपुर विकास प्राधिकरण सभ क्षेत्र के सभ सरकारी अवुरी गैर सरकारी स्कूल अवुरी कॉलेज में आगे के आदेश ले छुट्टी घोषित कs देले बा।

दरअसल बियफे के दिने विद्यार्थियन के बीच भइल बकझक के बाद चाकू मारे के घटना घटल जवना में एगो विद्यार्थी गंभीर रूप से घवाहिल हो गइल. घाही छात्रा के अस्पताल में भर्ती करावल गईल। एs घटना के जानकारी मिलते ही हिन्दू संगठन भड़क गईले अवुरी शहर में विरोध प्रदर्शन करे लगले। कई जगहा तोड़फोड़ अवुरी आगजनी के घटना भी भईल। स्थिति के बेकाबू होखत देख के शहर में धारा 144 लगावल गईल बा। उदयपुर में 24 घंटा खातिर इंटरनेट सेवा बंद कs दिहल गइल बा. एकरा अलावे पुलिस के अलर्ट मोड में भी डाल दिहल गईल बा।

दर्जन से अधिका पुलिस कंपनी उदयपुर पहुंचल

ओने उदयपुर एसपी के हर हालात में शांति आ कानून व्यवस्था कायम राखे के निर्देश दिहल गइल बा. एकरा अलावे परेशानी फैलावे वालन के खिलाफ कड़ा कार्रवाई सुनिश्चित करीं। पुलिस मुख्यालय तत्काल प्रभाव से उदयपुर के पांच आरएसी कंपनी के फोर्स उपलब्ध करा देले बा। एकरा अलावे पड़ोसी जिला से अतिरिक्त पुलिस अधीक्षक, पुलिस उप अधीक्षक, निरीक्षक रैंक के अधिकारी अवुरी भारी संख्या में सिपाही के भी उपलब्ध करावल गईल बा। जयपुर से दर्जन से अधिका पुलिस कंपनी उदयपुर चहुँप गइल बाड़ी सँ आ हालात पs बारीकी से नजर राखल जा रहल बा.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]