[the_ad_group id="30365"]

गर्लफ्रेंड के कहीं अउर हो गइल सगाई, दुखी प्रेमी आपन शरीर में ‘डेटोनेटर’ बांध खुद के उड़वलस; धड़ से अलग हो गईल गर्दन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अतवार के देर रात राजस्थान के उदयपुर जिला के ऋषभदेव थाना इलाका में एगो नवही आपन लाश में डिटोनेटर बान्ह के अपना के उड़ा दिहलस। पुलिस उपाधीक्षक (ऋषभदेव) हेरंब जोशी बतवले कि रविवार के देर रात मसारो के ओबरी गांव में 24 साल के नीलेश मीणा डिटोनेटर (खनन में इस्तेमाल होखे वाला विस्फोटक सामग्री) बांध के विस्फोट कs के आत्महत्या कs लेले।

धमाका के आवाज सुन के गांव के लोग बाहर निकलल, लाश सड़क पs पड़ल रहे

उ बतवले कि प्रारंभिक जांच में पाता चलल कि मरेवाला के गांव के एगो लईकी के संगे प्रेम संबंध रहे अवुरी लईकी के केहु अवुरी से सगाई के चलते उ परेशान रहले। चूंकि दुनों एकही गोत्र के रहले एहसे दुनों के बीच बियाह ना हो सकत रहे। एही कारण से उ लईकी के घर के नजदीक डिटोनेटर बांध के आत्महत्या कs लेले। आत्मघाती बम विस्फोट के चलते धड़ से गर्दन अलग हो गईल अवुरी लाश के टुकड़ा-टुकड़ा हो गईल। अतवार के रात में जब गांव के लोग विस्फोट के आवाज़ सुन के बहरी निकलल तs सड़क पs नीलेश मीना के लाश पड़ल देखाई देलस। पुलिस सोमवार के पोस्टमार्टम के बाद लाश के परिजन के सौंप देलस।

डिटोनेटर के इस्तेमाल माइंस में ब्लास्टिंग खातिर होला

पुलिस जांच में जुटल बिया कि नीलेश डिटोनेटर कहां से आ केकरा से ले आईल रहले। बाकिर ऋषभदेव इलाका जहाँ नीलेश के गाँव बा ओहिजा मार्बल माइंस बा। एकर डिटोनेटर के इस्तेमाल माइंस में ब्लास्टिंग खातिर होला। अइसना में शंका इहो बा कि ऊ आपन परिचित से गैरकानूनी तरीका से ले आइल होखी। मरेवाला के परिवार के लोग लईकी के परिवार के खिलाफ भारतीय दंड संहिता के धारा 302 (हत्या) के तहत मामिला दर्ज करवले बाड़े। पुलिस मामिला के छानबीन में जुटल बिया।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]