[the_ad_group id="30365"]

UAE समेत 4 खाड़ी देसन में बाढ़ आ बरखा : रेगिस्तानी इलाकन में दु साल के बरखा एक दिन में ; का क्लाउड सीडिंग बा असल वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

15 अप्रिल के रात UAE, सऊदी अरब, बहरीन आ ओमान में भारी बरखा के सुरुआत भइल। ई देखते-देखते तूफान में बदले लागल। हालात ई हो गइल कि मंगर आवते-आवते एकरा वजह से एह देसन के दर्जनन शहरन में बाढ़ आ गइल।

रेगिस्तान के बीच बसल शहर दुबई के इंटनेशनल एयरपोर्ट पs तs बीतल 24 घंटा में 6.26 इंच से जादे बरखा भइल बा। मौसम संबंधी जानकारी देने वाली वेबसाइट ‘द वेदरमैन डॉट कॉम’ के मोताबिक इहां एतना बरखा दु साल में होला।

खाड़ी देसन में आइल एह बाढ़ के वजह कुछ एक्सपर्ट्स क्लाउड सीडिंग माने आर्टिफिशियल बरखा के बता रहले बा लो। एसोसिएट प्रेस अपना रिपोर्ट में दावा कइले बा कि दुबई प्रशासन सोमार के क्लाउड सीडिंग के माध्यम से बरखा करावे खातिर एगो विमान उड़वले रहे। एकरा कुछ देर बादे खाड़ी देसन के भारी बरखा आ बाढ़ के सामना करे के पड़ल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]