Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर: दो हजार के कटल चालान त हेलमेट पहिन धरना प बइठल चायवाला, बोलल- पुलिस कर रहल बिया मनमानी

संतकबीर नगर जिला के रहे वाला मदन मोहन किराया के रूम लेके गोरखपुर में रहले। ऊ रामगढ़ताल के नौका विहार प चाय के दोकान चलावेले। बुध के ऊ बाइक से अंबेडकर चौराहा से गुजर रहस कि उनका 2000 के चालान कट गइल।

255

गोरखपुर जिला के नौका विहार प चाय के स्टाल लगावे वाला युवक के 2000 के चालान कटल त ऊ चौराहा प हेलमेट लगाके धरना प बइठ गइल। सूचना प तत्काल कैंट थाना के पुलिस पहुंचल आ युवक के समझाने के प्रयास करे लागल।

युवक के एह तरे बइठल देख उहां लोगन के भीड़ जुट गइल। जवना के बाद युवक रोवत आपन बात कहलस। ऊ कहलस कि जबतक ओकर चालान माफ नइखें होत, तबतक ऊ धरना से ना उठी। ई सब तब भइल जब एडीजी ट्रैफिक अनुपम कुलश्रेष्ठ शहर में बाड़ें।

जानकारी के मोताबिक, संतकबीर नगर जिला के रहे वाला मदन मोहन किराया के रूम लेके गोरखपुर में रहले। ऊ रामगढ़ताल के नौका विहार प चाय के दोकान चलावेले। बुध के ऊ बाइक से अंबेडकर चौराहा से गुजर रहस कि उनका 2000 के चालान कट गइल।

बियफे के मदन मोहन ओहि अंबेडकर चौराहा प धरना प बइठ गइलें। धरना प हाथ में तख्ती लेके रोवे लागल। ई देख भीड़ जुट गइल आ कैंट के कलेक्ट्रेट चौकी पुलिस, ओटीएमएस के लोग आ गइल।

मदन मोहन बतवले कि ऊ गरीब परिवार से बाड़ें, एतना कमाई ना बा कि ऊ 2000 रुपिया के चालान भर सकल। ओकर 2000 के चालान माफ कइल जाय। युवक के एकरा पहिले दु बेर 5 हजार के चालान कट चुकल बा।

369020cookie-checkगोरखपुर: दो हजार के कटल चालान त हेलमेट पहिन धरना प बइठल चायवाला, बोलल- पुलिस कर रहल बिया मनमानी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.