[the_ad_group id="30365"]

गोपालगंज में जमीनी विवाद में मारपीट, 4 लोग घायल: एक दूसरा पs लाठी-डंडा से कइल गइल हमला, एक के हालत नाजुक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नगर थाना क्षेत्र के पुरानी चौक के लगे दु पक्षन के बीच जमीनी विवाद के लेके जमके मारपीट हो गइल। एह मारपीट के घटना में दुनो पक्ष से 4 लोग घायल हो गइल। जेकरा के इलाज खातिर गोपालगंज के सदर अस्पताल में भरती करावल गइल।अस्पताल में सभे घायलन के इलाज चल रहल बा। घायलन में अविनाश कुमार ,मुन्ना प्रसाद आ राजेंद्र प्रसाद सामिल बा लो। नगर थाना क्षेत्र के पुरानी चौक निवासी अविनाश प्रसाद आ राजेंद्र प्रसाद दुनो आपस में पाटीदार हs लो।

मारपीट में तीन लोग भइल घायल

दुनो पक्षन में पहिले से जमीन के लेके विवाद चल रहल बा। दुनो पक्ष एक दूसरा पs जमीन कब्जा करे के लेके आरोप लगावेला। एही बीच जमीनी विवाद बढ़ गइल आ एक दूसरा पs लाठी डंडा से हमला कs दिहल। एगो पक्ष से अविनाश कुमार आ दूसरका पक्ष से मुन्ना प्रसाद आ राजेंद्र प्रसाद जख्मी हो गइल लो। आउर परिजन लोग तीनो घायलन के सदर अस्पताल के इमरजेंसी वार्ड में भरती करावल। तीनो के इलाज चल रहल बा। अविनाश कुमार के इस्थिति नाजुक बनल बा।

नगर इंस्पेक्टर प्रशांत कुमार बतवलें की दु पक्षन में मारपीट भइल बा। आवेदन मिलला के बाद कार्रवाई कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]